[the_ad_group id="30365"]

हिंडनबर्ग के रिपोर्ट पs सहवाग जतवलें शक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अडाणी ग्रुप हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के बाद से हिलल बा। हिंडनबर्ग के ओर से जारी रिपोर्ट के बाद से अडानी ग्रुप के कंपनियन में लगातार गिरावट देखे के मिल रहल बा। रिपोर्ट अइला के बाद से अडाणी ग्रुप के फ्लैगशिप कंपनी अडाणी एंटरप्राइजेज के शेयर 12 दिन में करीब 60% टूट चुकल बा। एकरा पहिले सुक के कंपनी के शेयर 35% तक गिर गइल रहे। एह बीच भारत के पूर्व क्रिकेटर विरेंद्र सहवाग हिंडनबर्ग के रिपोर्ट पs निशाना सधलें बाड़ें।

विरेंद्र सहवाग ट्वीट कs के सवाल उठवलें बाड़ें। ऊ हिंडनबर्ग के बिना नाम लेले कहलें कि गोरन के भारत के तरक्की बर्दाश्त ना होला। इहे ना, पूरा ममिला के ऊ प्लांड कॉन्सपिरेसी बतवलें बाड़ें।

वीरेंद्र सहवाग के अडाणी ममिला में दिखल साजिश

ऊ ट्वीट में लिखलें- गोरन से इंडिया के तरक्की बर्दाश्त ना होला। इंडियन मार्केट के एह तरह से गिरल बड़ चतुराई से प्लांड कॉन्सपिरेसी लागत बा। कोसिस केतनो कs लीं, बाकिर हमेसा के तरह भारत आउर मजबूते होके उभरी।

संसद से सड़क तक हंगामा

हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के बाद दुनिया के दूसरा सबसे अमीर ग्रुप के हेड गौतम अडानी टॉप-20 से बाहर हो गइलें आ उनका खिलाफ गंभीर आरोप लगावल जाये लागल। विपक्ष एह ममिला के जांच करावे के मांग कर रहल बा। अडाणी ग्रुप पs जांच के मांग के लेके सोमार के संसद से सड़क तक हंगामा हो रहल बा। कांग्रेस देश भर में LIC आ SBI दफ्तरन के सामने प्रदर्शन कर रहल बिया। पार्टी के मांग बा कि अडाणी ग्रुप के वित्तीय लेनदेन के जांच संसदीय पैनल (JPC) भा सुप्रीम कोर्ट के कमेटी से करवावल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]