Indian Railway: अब करेंट टिकट के बुकिंग पs छूट भइल बंद, देवे के पड़ी पूरा किराया
रेलवे बोर्ड के डायरेक्टर पैसेंजर मार्केटिंग विपुल सिंघल प्रमुख मुख्य वाणिज्य प्रबंधकन के पत्र लिखके एह बेवस्था के बंद करावे के निरदेस जारी कs देले बाड़े। रेलवे बोर्ड के निरदेस पs पूर्वोत्तर रेलवे में करेंट काउंटरन पs नया बेवस्था लागू हो गइल बा।
यात्रियन के करेंट टिकट के बुकिंग पs अब पूरा किराया देवे के पड़ी। पहिले से चलल आ रहल 10 प्रतिशत के रियायत अब समाप्त कs दिहल गइल बा। रेल मंत्रालय छव साल पहिले करेंट टिकट पs 10 प्रतिशत रियायत देवे के बेवस्था सुरू कइले रहे।
कोविड काल के बाद संक्रमण के हवाला देत मंत्रालय मरीजन आ दिव्यांग के छोड़के वरिष्ठ नागरिकन सहित किराया में मिले वाला सब वर्ग के छूट के बंद कs देलस । करेंट टिकट पs मिले वाला छूट के सुविधा मिलत रहे। ई टिकट ट्रेन छूटला के चार घंटा पहिले बुक होला।
फिलहाल, रेलवे बोर्ड के डायरेक्टर पैसेंजर मार्केटिंग विपुल सिंघल प्रमुख मुख्य वाणिज्य प्रबंधकन के पत्र लिखके एह बेवस्था के बंद करावे के निरदेस जारी कs देले बाड़े। रेलवे बोर्ड के निरदेस पs पूर्वोत्तर रेलवे में करेंट काउंटरन पs नया बेवस्था लागू हो गइल बा।
Comments are closed.