हर गांव में तैनात पंचायत सहायक अब पात्र लाभार्थियन के आयुष्मान कार्ड बनइहें। एह संबंध में सीडीओ संजय कुमार मीणा निर्देश जारी कइले बानें। कहले बानें कि अंत्योदय कार्डधारक कोटेदार से सलाह-मशवरा कs के पंचायत सहायक से आयुष्मान कार्ड बनवावें।
गोरखपुर जिला में 30 सितंबर ले आयुष्मान पखवाड़ा के दौरान सब विलेज लेवल इंटरप्रेन्योर (वीएलई) केंद्र, आशा कार्यकर्ता अउरी सीएचओ के माध्यम से निशुल्क आयुष्मान कार्ड लाभार्थियन के बनवावल जा रहल बा। कार्ड के जरिये लाभार्थी परिवार पांच लाख रुपया तक के निशुल्क इलाज संबद्ध अस्पताल में भर्ती हो के पा सकsतने।
सीडीओ बतवलें कि सब बीडीओ के निर्देश देहलें कि पंचायत सहायकन के जरिये आयुष्मान कार्ड बनवावें। पंचायत सहायक कोटेदार अउर आशा कार्यकर्ता से समन्वय स्थापित कs के कार्ड बनावें अउर आवश्यकतानुसार वीएलई केंद्र पर भी लाभार्थी के भेज के कार्ड बनवावल सुनिश्चित करें। बीडीओ रोज एकर समीक्षा करिहें। सीडीओ के स्तर से भी समीक्षा कइल जाई।
अइसे जांचीं पात्रता
- निशुल्क हेल्पलाइन नंबर 14555 डॉयल कsके।
- सूचीबद्ध अस्पताल के आरोग्य मित्र से संपर्क कsके।
- नजदीकी जनसेवा केंद्र के मदद से।
अइसे बनsला आयुष्मान कार्ड
- सूचीबद्ध निजी अउर सरकारी अस्पताल में आयुष्मान कार्ड निशुल्क बनावल जाला।
- कार्ड बनवावे खातिर व्यक्तिगत पहचान पत्र के तौर पर आधार कार्ड जरूरी बा।
- परिवार के पहचान खातिर राशन कार्ड चाहे प्रधानमंत्री चाहे मुख्यमंत्री के पत्र चाहे परिवार रजिस्टर के नकल साथ ले के जाईं।
एह गंभीर बीमारियन के इलाज संभव
योजना के तहत किडनी रोग, घुटना प्रत्यारोपण, कैंसर, ह्रदय रोग, मोतियाबिंद अउर कई प्रकार के जटिल सर्जरी के सुविधा मरीज के भर्ती होखले के बाद निशुल्क दीहल जा रहल बा। पहिले से कार्ड होखे से वेरिफिकेशन में लागे वाला समय बच जाला।