Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

US Open: जोकोविच उलटफेर के शिकार, पोपिरिन से हरलें 

1,131
Google Ads 300*250 for posts

सर्बिया के नोवाक जोकोविच साल के अंतिम ग्रैंडस्लैम यूएस ओपन के तीसरका दौर में उलटफेर के शिकार हो गइल बाड़ें। जोकोविच के ऑस्ट्रेलिया के 28वीं वरीयता प्राप्त एलेक्सी पोपिरिन के हाथन हार के सामना करे के पड़ल। एह तरे ऊ 18 साल में पहिला बेर यूएस ओपन के चउथा दौर में जगह ना बना सकलें। जोकोविच एह साल कवनो ग्रैंडस्लैम नइखन जीत सकेलें आ 2017 के बाद अइसन पहिला बेर हो रहल बा।

अल्कारेज के बाद जोकोविच भइलें बाहर

जोकोविच से पहिके 2022 के चैंपियन आ तीसरी वरीयता प्राप्त कार्लोस अल्कारेज यूएस ओपन से बाहर हो गइल रहस। ई 1973 के बाद पहिला बेर बा जब दूसरका आ तीसरका वरीयता प्राप्त खिलाड़ी यूएस ओपन के एकल वर्ग में चउथा दौर से पहिलही बाहर हो गइल बा लो। जोकोविच ग्रैंडस्लैम में दु सेट से पिछड़ला के बाद आठ बेर वापसी करे में सफल रहल बाड़ें, बाकिर पोपिरिन के खिलाफ ऊ अइसन करे में सफल ना हो सकलें आ उनका तीन घंटा 19 मिनट तक चलल मुकाबला में 4-6, 4-6, 6-2, 4-6 से हार के सामना करे के पड़ल।

जोकोविच पs दबाव बनावे में सफल रहलें पोपिरिन

पोपिरिन सुरुआत से एह मुकाबला में आपन दबदबा बना के रखले रहस आ ऊ गत विजेता जोकोविच से आसानी से पहिला दुनो सेट अपना नावे कइलें। हालांकि, चार बार यूएस ओपन जीत चुकल जोकोविच तीसरका सेट में वापसी कइलें आ एकतरफा अंदाज में ई सेट अपना नाम कइलें। ओह समय लागल कि जोकोविच इहां से वापसी कs सकते बाड़ें, बाकिर चउथा सेट में पोपिरिन पs दबदबा बनवलें आ जोकोविच के सफर समाप्त कs देलें। जोकोविच पेरिस ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीतले रहस, बाकिर न्यूयॉर्क में ऊ आपन लय बरकरार ना रख सकलें।

946130cookie-checkUS Open: जोकोविच उलटफेर के शिकार, पोपिरिन से हरलें 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.