[the_ad_group id="30365"]

नोएडा के निर्माणाधीन बैंक्वेट हॉल में लागल भीषण आग, एगो इलेक्ट्रीशियन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नोएडा के एगो निर्माणाधीन बैंक्वेट हॉल में भारी आग लागे के खबर बा। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक एगो इलेक्ट्रीशियन के मउत हो गईल बा। सेक्टर-74 में स्थित निर्माणाधीन लोटस ग्रेनेडियर बैंक्वेट हाल में आग लग गई। आग में मरे वाला इलेक्ट्रीशियन के नाम परविंदर हs। फिलहाल फायर ब्रिगेड के 15 गाड़ी आग बुझावे में व्यस्त बाड़ी।

बैंक्वेट हॉल बहुत बड़ बतावल जाता, एहीसे आग बुझावे में बहुत समय लागता। मौका पs डीसीपी नोएडा, सीएफओ गौतम बुद्ध नगर अवुरी बाकी अधिकारी भी मौजूद बाड़े। आग बुझावे के संगे बचाव अभियान भी चलता। हालांकि आग लागे के कारण के बारे में अबे ले पता नईखे चलल। अबे एs मामला में जरूरी कार्रवाई कईल जाता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]