Agniveer Recruitment 2024: इंडियन नेवी में बंपर अग्निवीर भर्ती शुरू, 12वीं पास करीहे अप्लाई, लास्ट डेट 27 मई

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2024

Indian Navy Agniveer Recruitment 2024: भारतीय नौसेना में अग्निवीर के भर्ती होखे जा रहल बा । इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार ऑफिशियल वेबसाइट joinindiannavy.gov.in प जाके आवेदन क सकत बाड़े। भारतीय नौसेना अग्निवीर के नोटिफिकेशन जारी

Share

Indian Navy Agniveer Recruitment 2024: भारतीय नौसेना में अग्निवीर के भर्ती होखे जा रहल बा । इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार ऑफिशियल वेबसाइट joinindiannavy.gov.in प जाके आवेदन क सकत बाड़े।

भारतीय नौसेना अग्निवीर के नोटिफिकेशन जारी कइलस। आवेदन प्रक्रिया 13 मई से शुरू हो जाई।

Agniveer Recruitment 2024: भारतीय सेना में सरकारी नौकरी के तइयारी करे वाला उम्मीदवारन खातिर सुनहरा मौका बा । अग्निवीर भर्ती के तहत भारतीय नौसेना में एसएसआर आ एमआर के पद प बहाली होखेे जाता। एह पदन प बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया 13 मई 2024 से शुरू होखे वाला बा । इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट joinindiannavy.gov.in प जाई के आवेदन कर सकेलें । आवेदन करे के आखिरी तारीख 27 मई 2024 बा। आवेदन करे से पहिले अनिवार्य शैक्षणिक योग्यता, उम्र सीमा, आवेदन प्रक्रिया, आवेदन शुल्क आदि के बारे में विस्तार से जानी।

जरूरी शैक्षणिक योग्यता 

एह बहाली का तहत आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से पीसीएम साइंस स्ट्रीम में बारहवीं पास होखे के चाहीं । साथही कवनो मान्यता प्राप्त कॉलेज से मैकेनिकल/इलेक्ट्रिकल/ऑटोमोबाइल/कंप्यूटर साइंस/इंस्ट्रूमेंटेशन टेक्नोलॉजी/इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी क्षेत्र में तीन साल के डिप्लोमा में इंजीनियरिंग पास होखे के चाहीं आ कम से कम 50 फीसदी अंक मिलल होखे के चाहीं । एह पदन खातिर शादीशुदा महिला भा पुरुष उम्मीदवार आवेदन ना कर सकेलें ।

उमिर के सीमा का बा?

एह पदन खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के जनम 1 नवंबर 2003 से 30 नवंबर 2007 के बीच होखे के चाहीं । एह तारीख से पहिले भा ओकरा बाद पैदा भइल उम्मीदवारन के आवेदन पत्र स्वीकार ना कइल जाई ।

आवेदन शुल्क के शुल्क का बा ?

आवेदन करे खातीर अभ्यर्थी के आवेदन शुल्क के रूप में 550 रुपया ऑनलाइन देवे के होई। एकरा संगे-संगे 18 प्रतिशत जीएसटी के भुगतान भी करे के होई। आवेदन शुल्क के भुगतान नेट बैंकिंग, भा वीजा, मास्टर, रुपे क्रेडिट भा डेबिट कार्ड आ यूपीआई का माध्यम से कइल जा सकेला ।

आवेदन के प्रक्रिया का बा?

आवेदन करे खातिर पहिले आधिकारिक वेबसाइट joinindiannavy.gov.in पर जाईं ।

होम पेज पर मौजूद अग्निवीर भर्ती 2024 के लिंक प क्लिक करीं।

उहाँ सभे जरूरी जानकारी आराम से भर लीं।

जरुरी दस्तावेजन के स्कैन कइल प्रति अपलोड करीं.

आवेदन प्रक्रिया पूरा करे खातिर निर्धारित आवेदन शुल्क ऑनलाइन भुगतान करीं।

आवेदन प्रक्रिया पूरा होखला के बाद आपन आवेदन पत्र अपना संगे राखी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.