झारखंड में ED के मिलल नोट के पहाड़, नौकर के घरे छापा, मंत्री आलमगीर से जुड़ल मामला

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2024

प्रवर्तन निदेशालय झारखंड में बड़हन छापामारी कइले बिया। एह छापामारी में ईडी भारी मात्रा में नकदी बरामद कइले बिया । बता दीं कि राज्य सरकार मंत्री आलमगीर के निजी सचिव के परिसर में छापामारी के

Share

प्रवर्तन निदेशालय झारखंड में बड़हन छापामारी कइले बिया। एह छापामारी में ईडी भारी मात्रा में नकदी बरामद कइले बिया । बता दीं कि राज्य सरकार मंत्री आलमगीर के निजी सचिव के परिसर में छापामारी के दौरान भारी मात्रा में नकदी बरामद भइल बा। फिलहाल पईसा के गिनती होखता।

एक ओर लोकसभा चुनाव के देखत तीसरा चरण के मतदान 7 मई के होखे वाला बा। दूसर ओर झारखंड में प्रवर्तन निदेशालय बड़ कार्रवाई कइले बिया। असल में पीएमएलए (मनी लांड्रिंग रोकथाम अधिनियम) के तहत ईडी आधा दर्जन से अधिका जगह प छापामारी कइलस। सूत्र के मुताबिक निलंबित मुख्य अभियंता वीरेंद्र राम आ उनका करीबी लोग के स्थान प ईडी के इ कार्रवाई कइल जाता। संगही, ईडी बहुत राजनेता के आवास प छापामारी कइले बिया। बता दीं कि ईडी झारखंड सरकार के मंत्री आलम गिर के निजी सचिव संजीव लाल के घरेलू नौकर के परिसर में छापा मार दिहलस। एह छापामारी में भारी मात्रा में नकदी बरामद भइल बा । जब्त नकदी के गिनती जारी बा।

 

साभार : इंडिया टीवी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.