MBBS छात्र एनएमसी वापस ले लिहल CBME गाइडलाइन, जानीं का बा एकर कारन

Share

 

एमबीबीएस के छात्रन खातिर बड़ खबर आ रहल बा। भारी विरोध के सामना कईला के बाद आखिरकार राष्ट्रीय चिकित्सा आयोग (एनएमसी) शैक्षणिक सत्र 2024-25 खातीर दक्षता आधारित चिकित्सा शिक्षा पाठ्यक्रम (सीबीएमई) के दिशा-निर्देश वापस ले लेलस, जवन कि 31 अगस्त 2024 के जारी भईल रहे। बियफ़ें के जारी एगो सर्कुलर के माध्यम से इs जानकारी दिहल गईल। एनएमसी सर्कुलर में अउरी संशोधन के जरूरत के हवाला देत तत्काल प्रभाव से दिशानिर्देश निरस्त कs देलस।

 जवन सर्कुलर में कहल गइल 

सर्कुलर में कहल गईल कि, बतावल जाता कि 31 अगस्त 2024 के जवन परिपत्र, जवना के तहत दक्षता आधारित चिकित्सा शिक्षा पाठ्यक्रम (सीबीएमई) 2024 के तहत दिशा-निर्देश जारी भईल रहे, ओकरा तुरंत प्रभावी से वापस ले लिहल गईल बा अवुरी एकरा के रद्द कs दिहल गईल बा। एनएमसी संशोधित संस्करण के जल्दिए जारी करे के भरोसा भी देले बा।

फेर से होई जारी

परिपत्र में आगे कहल गईल कि, “उपरोक्त दिशा-निर्देश में संशोधन कs समय के संगे अपलोड कईल जाई। सक्षम प्राधिकारी के मंजूरी से जारी कईल जाई।” एह दिशानिर्देश में सोडोमी अवुरी समलैंगिकता जईसन विवादित विषय के अप्राकृतिक यौन अपराध के रूप में शामिल कईल गईल रहे, जवना के संशोधित कs के फेर से जारी कईल जाई।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-