12 के मउत के बाद बदले जा रहल बिया पुलिस कांस्टेबल भरती से जुड़ल इs नियम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 5, 2024

  सरकारी नौकरी के तैयारी करेवाला उम्मीदवार दिन-रात मेहनत कs ​​के नौकरी पावेले। एह दौरान ऊ लोग आपन खाना-पीना आ आराम छोड़ देला, जेहसे कि तइयारी खातिर अधिका समय मिल जाव. बाकीर बहाली के दौरान

Share

 

सरकारी नौकरी के तैयारी करेवाला उम्मीदवार दिन-रात मेहनत कs ​​के नौकरी पावेले। एह दौरान ऊ लोग आपन खाना-पीना आ आराम छोड़ देला, जेहसे कि तइयारी खातिर अधिका समय मिल जाव. बाकीर बहाली के दौरान कुछ लोग बेहोश हो जाला, जवना के चलते कुछ लोग के जान चल जाला। झारखंड पुलिस के सिपाही बहाली के दौड़ में भी अयीसने मामला देखाई देलस। एहिजा 12 गो उम्मीदवार के जान चल गइल. एकरा बाद सरकार जाग गईल बिया। एह दुखद घटना के बाद सीएम हेमंत सोरेन 3 सितंबर से 5 सितंबर ले बहाली प्रक्रिया पs रोक लगा देले बाड़े।

बता दीं, सिपाही बहाली खातिर उम्मीदवारन के 60 मिनट में 10 किलोमीटर दौड़े के पड़ेला। अयीसना में हेमंत सरकार एs दौड़ के प्रक्रिया में बदलाव करे के फैसला कईले बाड़े। सरकार अब बहाली में दूरी अवुरी समय दुनो कम करे वाली बिया। एकरा खातीर पुलिस विभाग भी सरकार के सोझा दु विकल्प पेश कईले बा।

‘टाइम्स ऑफ इंडिया’ में छपल खबर के मुताबिक पुलिस विभाग अब सिपाही बहाली खातीर 5-6 मिनट में 1.6 किलोमीटर चाहे 25 मिनट में 5 किलोमीटर दौड़े के नियम बनावे वाला बा, मने अब उम्मीदवार के ना करे के पड़ी 10 किलोमीटर दौड़। झारखंड पुलिस के डीआईजी रैंक के अधिकारी बतवले कि सरकार दुनो पs गंभीरता से विचार करतिया.

इs नियम कब से लागू होई?

उल्लेखनीय बा कि झारखंड में चलत सिपाही बहाली के लगभग 80 प्रतिशत प्रक्रिया पूरा हो चुकल बा। अइसना में ई बदलाव आवे वाला बहाली में लागू हो जाई. एकरा से साफ बा कि सिपाही बहाली के बाकी 20 प्रतिशत प्रक्रिया खाली पुरान मानक पs होई।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.