Nitish Kumar के कैबिनेट बैठक में 21 प्रस्ताव भइल मंजूर, 7841 गांव के किसानन के मिली 3500 रुपये

Anurag Ranjan

Nitish Kumar कम आ बेसी बरखा के कारण फसल क्षति से प्रभावित किसानन के जल्दी मदद करे के अधिकारियन के निरदेस देले बाड़े। एकरा संगही, कैबिनेट के बैठक में राज्य के 11 जिलन के 7841 गांवन के सुखाग्रस्त घोषित करत प्रत्येक परिवार के 3500 सहायता के रुप में दिहल जाई। एकरा संगही कैबिनेट के बैठक में 21 प्रस्तावन के मंजूरी मिलल बा।

मुख्यमंत्री बियफे के राज्य में कम आ अनियमित बरखा से पनपल स्थिति के समीक्षा के दौरान अधिकारियन से कहले कि डीजल अनुदान योजना के तहत बचल आवेदकन के अनुदान के लाभ तेजी से दिलावल जाव। संगही आकस्मिक फसल योजना के तहत कइल गइल बीज वितरण के फायदा सब किसानन के दिलावल जाव जवना से ओह लो के कृषि कार्य में राहत मिल सके। एह समीक्षा बैठक के आयोजन 1 अणे मार्ग स्थित ‘संकल्प’ में कइल गइल रहे।

सूखा आ बाढ़ दुनो से प्रभावित किसानन के होई मदद

समीक्षा के दौरान मुख्यमंत्री कहले कि कम बरखा से प्रभावित सब जिलन के प्रखंड, पंचायत, गांव आ टोला स्तर तक सुखाड़ के स्थिति के आकलन क के प्रभावित किसानन के जल्दिये सहायता दिहल जाव। ऊ कहले कि जेतना क्षेत्रन में धान के रोपनी आ ओकर सिंचाई खातिर किसानन के डीजल अनुदान के लाभ दिहल जा रहल बा। मुख्यमंत्री कहले कि हमनी के बाढ़ आ सुखाड़ के स्थिति में हर बरिस प्रभावित लोगन के मदद करत बानी स। सरकार किसानन के हरसंभव सहायता देवे खातिर प्रतिबद्ध बिया। मुख्यमंत्री कहले कि अक्टूबर में बेसी बरखा के कारण कइयन जिलन में फसल क्षति के जानकारी मिलल बा। सरकार प्रभावित जिलन के संभावित फसल क्षति के आकलन कराई आ प्रभावित किसानन के सहायता उपलब्ध कराई।

डीजल अनुदान योजना में 11.22 लाख आवेदन मिलल

आपदा प्रबंधन-सह-जल संसाधन विभाग के सचिव संजय कुमार अग्रवाल बतवले कि डीजल अनुदान योजना के अंतर्गत 11 लाख 22 हजार 797 हजार आवेदन मिली। एमे से छव लाख 67 हजार 42 आवेदकन के खाता में 96.31 करोड़ रुपिया के राशि हस्तांतरित क दिहल गइल बा। शेष आवेदनन के जांच तेजी से कइल जा रहल बा आ जल्दिये पूरा कइल जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।