[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: डिग्री कॉलेज के प्रवक्ता सहित 22 लोग के गिरोह पर दर्ज करवलस केस, हाईकोर्ट में बोलावल बानें SSP

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुष्कर्म के केस दर्ज करा के पीड़ित से रुपये अइठे वाली महिला लोग के गिरोह प्रवक्ता सहित 22 लोग पर केस दर्ज करवले बा। एक सैनिक पर खोराबार थाना में केस दर्ज करा के 9 लाख रुपया के वसूली कइले के बाद महिला शपथपत्र दे के बतवले रहली कि रीस में आ के उ केस दर्ज करवले रहली। उहे चार मामला में पुलिस जांच के बाद फाइनल रिपोर्ट (एफआर) लगा देहल गइल बा। एफआर लगावे वाले एगो दरोगा पर गिरोह के महिला लूट के केस दर्ज करवले बानें।
जानकारी के मुताबिक, पीड़ित कैंपियरगंज निवासी खालिद 30 अप्रैल 2022 के तत्कालीन एसएसपी डॉ. विपिन ताडा से मामला के शिकायत इलें। एहमें सभी मुकदमा के जिक्र अपराध संख्या के साथ कइल गइल रहे। एह मुद्दा के उठवले पर एसएसपी पूरा प्रकरण के जांच सीओ कैंट, सीओ बांसगांव के सौंपल रहे। दूनों सीओ के जांच में मामला सही पावल गइल अउर फेर उनके तबादला के बाद एक बेर फिर फाइल लटक गइल।
पीड़ित दूबारा एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर से मुलाकात कइलें। एकरे बाद एसएसपी के आदेश पर सात अगस्त 2022 के कैंट थाने में गिरोह के खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल, लेकिन अब ले एह मामला में कौनो गिरफ्तारी नइखे हो सकल। बतावल जा रहल बा कि गिरोह के सरगना एगो वकील हवे। वकील के खिलाफ भी केस दर्ज बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]