[the_ad_group id="30365"]

Nitish Kumar सरकारी कर्मचारियन के देले दीवाली गिफ्ट, 4 प्रतिशत बढ़ल महंगाई भत्ता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Nitish kumar के अध्यक्षता में बियफे के कैबिनेट के बैठक के आयोजन कइल गइल। एह बैठक में राज्य सरकार 21 प्रस्तावन के मंजूर कइले बिया। एकरा संगही, सरकार राज्यकर्मियन के दीवाली के बड़ तोहफा देले बिया।

मुख्यमंत्री कर्मचारियन के महंगाई भत्ता (DA) चार प्रतिशत बढ़ा देले बाड़े। राज्य सरकार वेतन भोगियन आ पेंशन भोगियन के एक जुलाई के प्रभाव से 34 फीसदी के स्थान प 38 फीसदी महंगाई भत्ता के स्वीकृति दिहल गइल बा। राज्य सरकार के एह फसीला के लाभ राज्य के सब कर्मचारियन के होई। बता दीं कि सितंबर के आखिरी हफ्ता में केंद्र सरकार अपना कर्मचारियन के महंगाई भत्ता बढ़वले रहे आ आज भइल केबिनेट के मीटिंग में केंद्र सरकार के नक्शा कदम प चलत एकरा प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]