Bihar News : भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन विधान सभा से इस्तीफा ना देलें, जानीं का बनल वजह

Nitin Naveen will take charge as youngest BJP national president

Share

पटना। बिहार में भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन आज विधान सभा से इस्तीफा देवे वाला रहलें, बाकिर अब ऊ आज इस्तीफा ना दिहें। उनकर आज के कार्यक्रम अचानके रद्द हो गइल। दरअसल, अचानक उनका दिल्ली जाये के पड़ गइल आ ऊ विशेष विमान से दिल्ली खातिर रवाना हो गइलें।

विधान सभा से इस्तीफा देवे के रहे तइयारी

अतवार के भोर में विधान सभा के तरफ से जानकारी मिलल रहे कि नितिन नवीन सबेरे 8:40 बजे संवैधानिक प्रक्रिया के तहत विधान सभा पहुंच के इस्तीफा दिहें। अतवार होखला के बादो दफ्तर खोलल गइल रहे। विधान सभा अध्यक्ष प्रेम कुमार तय समय पs पहुंच गइल रहलें।

एह दौरान नितिन नवीन के समर्थक आ भाजपा के कइयन गो नेता विधान सभा पहुंच गइल रहे, बाकिर अचानक कार्यक्रम में बदलाव हो गइल। बाद में सूचना दिहल गइल कि आज ऊ इस्तीफा नइखन देत।

राज्यसभा सदस्य बनला के बाद देवे के बा इस्तीफा

असल में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ नितिन नवीन दुनो राज्यसभा सदस्य बन गइल बा लोग। नियम अनुसार, 14 दिन से जादे समय तक कवनो व्यक्ति दू गो सदन के सदस्य ना रह सकेला। एह कारण से दुनो के 30 मार्च तक विधान सभा से इस्तीफा देवे के बा।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बारे में कयास लगावल जा रहल बा कि ऊ 30 मार्च के इस्तीफा दे सकेलें, हालांकि अभी तक एकर आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। ओहिजा, नितिन नवीन के इस्तीफा देवे के खबर रहे, बाकिर अचानक कार्यक्रम बदल गइल आ ऊ दिल्ली रवाना हो गइलें।

Read Also: Naxal Operation : 31 मार्च की डेडलाइन से पहले नक्सलियों पर अंतिम वार, 50 हजार जवानों का बड़ा ऑपरेशन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-