Vijaypat Singhania Passes Away : पद्म भूषण आ रेमंड ग्रुप के पूर्व प्रमुख विजयपत सिंघानिया के निधन: 87 साल के उमिर में लेलें आखिरी सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2026

नई दिल्ली। रेमंड समूह के पूर्व अध्यक्ष विजयपत सिंघानिया के सनिचर के सांझ निधन हो गइल। ऊ 87 बरिस के रहलें। समूह के वर्तमान अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक गौतम सिंघानिया ‘एक्स’ पs ई जानकारी देलें।

Share

Vijaypat Singhania former Raymond Group chairman and Padma Bhushan awardee passes away at 87

नई दिल्ली। रेमंड समूह के पूर्व अध्यक्ष विजयपत सिंघानिया के सनिचर के सांझ निधन हो गइल। ऊ 87 बरिस के रहलें। समूह के वर्तमान अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक गौतम सिंघानिया ‘एक्स’ पs ई जानकारी देलें। रेमंड समूह के प्रवक्ता बतवलें कि विजयपत सिंघानिया के अंतिम संस्कार अतवार के कइल जाई।

विजयपत सिंघानिया के साल 2006 में भारत के प्रतिष्ठित पद्म भूषण सम्मान से नवाजल गइल रहे। ऊ एगो जोशीला विमान चालक के रूप में जानल जात रहलें। ऊ गरम हवा के गुब्बारा से सबसे जादे ऊंचाई पs जाये के विश्व रिकॉर्ड बनवले रहलें। ऊ 1980 से 2000 तक करीब 20 बरिस तक रेमंड ग्रुप के अध्यक्ष रहलें। कंपनी के जिम्मेदारी बेटा गौतम के सउपला के बाद ऊ आपन 37 फीसदी हिस्सेदारियो उनका के दे देले रहस।

परिवार आ विरासत

विजयपत सिंघानिया, जेके सिंघानिया द्वारा रखल नींव पs रेमंड के सींच के 12,000 करोड़ रुपिया के बड़ कारोबार बनवलें। उनका नेतृत्व में ‘The Complete Man’ विज्ञापन देस भर में बहुत लोकप्रिय भइल। ई ब्रांड भारत से निकल के कइयन देसन तक पहुंचल।

कुछ बरिस पहिले विजयपत सिंघानिया आ उनका बेटा गौतम के बीच कानूनी विवादो भइल रहे, बाकिर बाद में दुनो आपसी सहमति से ममिला सुलझा लेले रहे। विजयपत सिंघानिया रेमंड के एगो बड़ ब्रांड बनावे में अहम भूमिका निभवलें।

उनका एयर कमोडोर के मानद उपाधियो मिलल रहे। ऊ एगो दूरदर्शी उद्योगपति रहलें, जेकरा कोसिसन से भारतीय कपड़ा उद्योग के अंतरराष्ट्रीय पहचान मिलल। उनकर निधन एगो युग के अंत मानल जा रहल बा।

अपना एगो हालिया इंटरव्यू में ऊ कहलें रहस कि “हम आपन जिनगी जुनून आ ईमानदारी से जियले बानी।” आज ऊ अपना पीछे बेयपारिक समझदारी आ हिम्मत के अइसन विरासत छोड़ गइल बाड़ें, जवन आगे वाली पीढ़ी के हमेशा प्रेरित करत रही।

Read Also: Traditional Jewelry Kamarband : महिला लोग कमरबंद भा तगड़ी काहे पहिनेला? जानीं खूबसूरती बढ़ावे के अलावे स्वास्थ्य से जुड़ल बा कवन फायदा वाला कनेक्शन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.