गोरखपुर के निशांत पांडे नीट 2023 में चयनित, प्राप्त कइलें 645 अंक

Share

गोरखपुर: गोरखपुर के नंदा नगर के रहे वाला निशांत पांडे नीट 2023 में कुल 720 अंकन में से 645 अंक प्राप्त कs के ऑल इंडिया लेवल पs 8629 वां स्थान प्राप्त कs के एमबीबीएस में प्रवेश सुनिश्चित कइलें बाड़ें।

निशांत के पिता श्री शिव बिहारी पांडे पवित्रा देवी डिग्री कॉलेज मनीराम मैं प्रोफेसर बाड़ें। निशांत अपना सफलता के श्रेय आपन मां श्रीमती नीलम पांडे आ बाबूजी के संगे-संगे गुरुजनन के देलें।

Result_NEET

निशांत बतवलें कि उनकर सपना बा कि ऊ डॉक्टर बनके समाज के गरीब आ पिछड़ा वर्ग के लोगन के सेवा कs सकs। जे लोग चिकित्सकीय सुविधा से वंचित बा ओकरा के ऊ चिकित्सा के सुविधा प्रदान कs सकस। माई-बाबूजी, गुरुजन आ संघतिया लोग निशांत के उनका उज्जवल भविष्य खातिर सुभकामना दिहल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-