[the_ad_group id="30365"]

परीक्षा: जेपीविवि प्रशासन अबकी बेर पीजी फाइनल सेमेस्टर के ओल्ड आ न्यू कोर्स के दुनो परीक्षा एक साथे लीहि 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: जेपीविवि प्रशासन अबकी बेर सेशन के सुधारे खातिर पीजी के न्यू आ ओल्ड काेर्स के परीक्षा एक साथे लिही। एकर तइयारी कइल जा रहल बा। छात्र हित में फैसला लेत फैसला पीजी फाइनल सेमेस्टर सत्र-2018-2020 ओल्ड कोर्स आ न्यू कोर्स आउर सत्र-2019-21 परीक्षा-2021 के परीक्षा फॉर्म भरे के तिथि के विस्तार कइल गइल बा।

पहिले विवि प्रशासन द्वारा 16 जून के अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल रहे। हालांकि बड़ संख्या में छात्रन के परीक्षा फॉर्म भरे से वंचित रह गइला के शिकायत आवत रहे। अइसन में विवि प्रशासन तिथि विस्तार कs के फार्म भरे से वंचित रह गइल छात्रन के दुबारा मवका देवे के काम कइले बा। छुटल छात्र अब 17 से 19 जून तक दुनो सत्र के छात्र परीक्षा फॉर्म भर सकी लो। ओहिजा कॉलेज आ विभाग के परीक्षा प्रपत्र के सूची सीडी के संगे विवि में जमा करे खातिर तिथि 20 जून निर्धारित कइल गइल बा।

ऑनलाइन आवेदन के संगे जमा करे के होई हार्ड कॉपी

पीजी फाईनल ईयर के परीक्षा 2021 में सामिल होखे वाला छात्रन के विवि के अधिकृत वेबसाईट जेपीवीएडमिशन.ओआरजी पs ऑनलाईन फार्म भरला के संगही ओकर हार्ड कॉपी वांछनिय कागजात के संगे कॉलेज आ विभाग में सत्यापित कराके निर्धारित शुल्क के संगे ओहीजा करे के होई। परीक्षा फार्म भरे खातिर विवि द्वारा शुल्क के निर्धारिन कs दिहल गइल बा। ओने परीक्षा नियंत्रक सब पीजी कॉलेजन के प्राचार्य आ हेड विवि में रजिस्ट्रेशन करा चुकल निर्धारित उपस्थिति के कोरम के पूरा करे वाला छात्रन के परीक्षा फार्म भरे के जोग माने आ ओइसने छात्रन के परीक्षा फार्म भरवावे के कहले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]