Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्तन कैंसर के मरीजन के रेडिएशन के जरूरत नईखे

स्तन कैंसर आज के समय में एगो आम बात बन गईल आ बहुते लोग एकरा चपेट में आ रहल बाड़े ।अब एह बेमारी पs नायका शोध के बाद डॉक्टर लोग आपन ई मत देले बा

6,187

स्तन कैंसर से जूझ रहल बुजुर्ग मरीजन के रेडिएशन के थेरपी करावे के कवनो जरूरत नईखे।इंग्लैंड में भईल नाया शोध में ई बात के दावा कईल गईल बा। एकरा के न्यू इंग्लैंड जर्नल ऑफ मेडिसिन में छापल गईल बा। शोध करे वाला लोग के ई कहनाम बा कि 65 साल से बेसी उमर के महिला लोग जे स्तन कैंसर से जूझ रहल बा लो आ ओकरा से निजात पावे खातिर सर्जरी करावे ला लो ओह लोग के रेडिएशन थेरपी करवला भा ना करवला से कवनो खास फरक भा तनिक भी फरक ना पड़ी । ई थेरपी ऊ लोगन के जिए में बेसी मदद ना करी। शोध में 65 साल से ऊपर के 1,326 महिला लोग भाग लेले रहे। ई अइसन मरीज रहे लोग जेकरा में तीन सेंटीमीटर से छोट ट्यूमर रहे, जेकरा के सबसे कम खतरा वाला कैंसर कहल जाला। शोध में भाग लिहल मय महिला लोग के स्तन कन्वर्जिंग सर्जरी भईल रहे आ उ लोग कम से कम पांच बरिस तक हार्मोन थेरपियो लेले रहे लो।

465710cookie-checkस्तन कैंसर के मरीजन के रेडिएशन के जरूरत नईखे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.