[the_ad_group id="30365"]

स्तन कैंसर के मरीजन के रेडिएशन के जरूरत नईखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्तन कैंसर से जूझ रहल बुजुर्ग मरीजन के रेडिएशन के थेरपी करावे के कवनो जरूरत नईखे।इंग्लैंड में भईल नाया शोध में ई बात के दावा कईल गईल बा। एकरा के न्यू इंग्लैंड जर्नल ऑफ मेडिसिन में छापल गईल बा। शोध करे वाला लोग के ई कहनाम बा कि 65 साल से बेसी उमर के महिला लोग जे स्तन कैंसर से जूझ रहल बा लो आ ओकरा से निजात पावे खातिर सर्जरी करावे ला लो ओह लोग के रेडिएशन थेरपी करवला भा ना करवला से कवनो खास फरक भा तनिक भी फरक ना पड़ी । ई थेरपी ऊ लोगन के जिए में बेसी मदद ना करी। शोध में 65 साल से ऊपर के 1,326 महिला लोग भाग लेले रहे। ई अइसन मरीज रहे लोग जेकरा में तीन सेंटीमीटर से छोट ट्यूमर रहे, जेकरा के सबसे कम खतरा वाला कैंसर कहल जाला। शोध में भाग लिहल मय महिला लोग के स्तन कन्वर्जिंग सर्जरी भईल रहे आ उ लोग कम से कम पांच बरिस तक हार्मोन थेरपियो लेले रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]