Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ना त तार के झंझट , ना होइ राउटर के जरूरत, Jio Air Fiber के 1Gbps तक के मिली स्पीड, जानि कीमत आ इंस्टॉलेशन प्रॉसेस

रिलायंस इंडस्ट्रीज पिछला साल वार्षिक आम बैठक यानी एजीएम में जियो एयर फाइबर पेश कईले रहे अउरी अब कंपनी एकरा के जल्दीए लॉन्च क सकता। जईसे कि एकर नाम से ही पता चलता कि एकरा माध्यम से इंटरनेट के सुविधा वायरलेस तरीका से दिहल जाई।

940

 

जियो एयर फाइबर 5जी : तकनीक में बहुत बदलाव आईल बा। खरीदारी के होखे आ भुगतान के तरीका, सब कुछ बदल गईल बा। इंटरनेट के दुनिया में भी तकनीक के बहुत असर पड़ल बा। अब लोग के ऑफिस आ घर में इंटरनेट के इस्तेमाल करे खातिर ब्रॉडबैंड लगावल जाला। ब्रॉडबैंड सिस्टम अयीसन बा कि इंटरनेट के केबल के माध्यम से घर में लागल राउटर में भेजल जाला आ ओकरा बाद आप एकर इस्तेमाल क सकतानी, लेकिन अब बहुत जल्दी इ सिस्टम खतम होखे वाला बा। जियो जल्दिए आपन जियो एयर फाइबर लॉन्च करी, ताकि यूजर के बिना तार के रॉकेट निहन स्पीड मिल जाई।

बता दीं कि रिलायंस इंडस्ट्रीज पिछला साल वार्षिक आम सभा यानी एजीएम में जियो एयर फाइबर पेश कईले रहे आ अब कंपनी एकरा के जल्दिए लॉन्च क सकता। जईसे कि एकर नाम से ही पता चलता कि एकरा माध्यम से इंटरनेट के सुविधा वायरलेस तरीका से दिहल जाई। एकरा संगे एकर एगो अउरी खास बात इ बा कि जियो एयर फाइबर में राउटर ना होई। सिर्फ एक बटन के मदद से आप तेजी से इंटरनेट स्पीड पा सकतानी।

जियो एयरफाइबर में लगावल जाई सिम

फिलहाल जवना तरह से आप राउटर के हॉटस्पॉट से नेट चला सकतानी, ओसही तरीका से आप जियो एयर फाइबर के मदद से नेट चला सकतानी। कंपनी के कहनाम बा कि जियो एयर फाइबर पोर्टेबल राउटर से जादा स्पीड दिही। जियो एयर फाइबर में 5जी एंटीना के इस्तेमाल करी आ एकरा में यूजर के 5जी सिम लगावे के होई। एकरा बाद यूजर के 1Gbps तक के स्पीड मिल सकता।

8K रेजोल्यूशन तक के क्वालिटी होई उपलब्ध 

बतावल जा रहल बा कि इंटरनेट के गति रउरा इलाका के सिग्नल के ताकत पे निर्भर करी। जियो फाइबर के मदद से यूजर आसानी से गेम खेल सकतारे, वीडियो कॉल क सकतारे आ 8K रेजोल्यूशन तक के वीडियो प्ले सकतारे।

एयरटेल-वोडाफोन के मिली कड़ा टक्कर

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक आवे वाला दिन में जियो एयर फाइबर लगावे के काम शुरू हो सकता। हालांकि एकरा लॉन्च के लेके कंपनी के ओर से अभी तक कवनो आधिकारिक बयान नईखे दिहल गईल। उम्मीद बा कि जून-जुलाई तक जियो एकरा के लॉन्च क सकता। ए डिवाइस के लॉन्च के बाद एयरटेल, वोडाफोन-आइडिया अवरू बीएसएनएल के कड़ा मुकाबला होखे वाला बा।

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.