[the_ad_group id="30365"]

व्हाट्सएप में आवे वाला बड़ अपडेट, एकही स्क्रीन पs बहुत लोग से क सकेनी चैटिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ए नाया फीचर के नाम साइड-बाय-साइड मोड राखल गईल बा। एह मोड में एकही स्क्रीन पे एक संगे कई गो चैट खोलल जा सकता। आमतौर पे जब कवनो चैट खुलेला त दोसर चैट विंडो ना खुल सकेला। एक तरह से इ स्पिलिट स्क्रीन से मिलत जुलत होई।

व्हाट्सएप अपना एंड्रॉयड यूजर खातीर एगो नाया फीचर पे काम करतिया। व्हाट्सएप के एह नया अपडेट के अईला के बाद यूजर एक संगे कई गो चैट देख सकेले आ चैट क सकेले। व्हाट्सएप के नया अपडेट व्हाट्सएप वेब पे आवे वाला बा। एकरा अलावे एकरा के टैब खातीर भी जारी कईल जा सकता। व्हाट्सएप के ए मल्टी विंडो चैट फीचर के टेस्टिंग फिलहाल बीटा यूजर के संगे कईल जाता।

WABetaInfo व्हाट्सएप के एह नया फीचर के बारे में जानकारी देले बा। ए नाया फीचर के नाम साइड-बाय-साइड मोड राखल गईल बा। एह मोड में एकही स्क्रीन पे एक संगे कई गो चैट खोलल जा सकता। आमतौर पे जब कवनो चैट खुलेला त दोसर चैट विंडो ना खुल सकेला। एक तरह से इ स्पिलिट स्क्रीन से मिलत जुलत होई।

एके बेर में बहुते लोग से गपशप करे वाला लोग खातिर ई उपहार से कम नइखे। वाबीटाइन्फो एह नया फीचर के स्क्रीनशॉट भी शेयर कईले बा। एह फीचर के कबो भी चालू आ बंद कईल जा सकता। एकरा खातिर व्हाट्सएप ऐप में सेटिंग करे के होई। सेटिंग खातिर चैट सेटिंग में जाके Side-by-side views के विकल्प पे क्लिक करे के होई।

फिलहाल ए नाया फीचर के टेस्टिंग व्हाट्सएप बीटा एंड्रॉयड 2.23.9.20 वर्जन पे होखता। फिलहाल एकर अंतिम अपडेट कब आई, एकरा बारे में कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल। बता दीं कि व्हाट्सएप हाल ही में चार गो डिवाइस लिंक के अपडेट जारी कईले बा, जवना के बाद सिर्फ क्यूआर कोड के स्कैन क के एकही खाता के चार अलग-अलग फोन में इस्तेमाल कईल जा सकता।

साभार- अमर उजाला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]