Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Twitter वेरिफिकेशन चेकमार्क से जुड़ल 7 बड़ सवाल, जवन हर केहू के कर रहल बा हैरान आ परेसान

Twitter Verification Checkmark: हाले में ट्विटर से वेरिफिकेशन बैज हटा लिहल गइल बा जवना के बाद से यूजर के मन में कइयन तरे के सवाल आ रहल बा। एह आर्टिकल में Twitter वेरिफिकेशन चेकमार्क से जुड़े कुछ बड़ सवालन के जवाब देवे के कोसिस बा।

766

माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म ट्विटर से बीतल हफ्ता सुक के सेबेरही से यूजर्स आपन ब्लू चेकमार्क हटल पावल लो। एही के संगे ई साफ हो गइल कि ट्विटर के पेड सर्विस के अलावे ब्लू बैज बना के रखे के कवनो दोसर तरीका नइखे।

हालांकि, ई ट्विटर के पेड सब्सक्रिप्शन के बात नइखे। बावजूद एकरा बहुत से यूजर्स के मन में ट्विटर के वेरिफिकेशन चेकमार्क के लेके बहुते सवाल मन में आ रहल बा। एह आर्टिकल में Twitter वेरिफिकेशन चेकमार्क से जुड़ल कुछ बड़ सवालन के जवाब देवे के कइल जा रहल बा-

का फ्री में लिहल जा सकत बा ब्लू चेकमार्क

ट्विटर के कहनाम बा कि जदि यूजर कवनो संस्था के कर्मचारी बा तs ऊ फ्री में वेरिफिकेशन चेकमार्क ले सकत बा। हालांकि, ट्विटर संस्था से वेरिफिकेशन बैज के चार्ज वसूली। ओहिजा जरूरी होई कि संस्था अपना कर्मचारी के इनविटेशन भेजे आ सत्यापित करे कि ऊ ओकर कर्मचारी हs।

मशहूर लोगन के का फ्री में मिल रहल बा बैज

दरअसल हाले में अइसन खबर आइल रहे कि 1 मिलियन से जादा सब्सक्राइबर्स वाला ट्विटर यूजर के प्रोफाइल ब्लू टिक के वापिसी हो गइल बा। हालांकि, ब्लू टिक के वापिस मिलल फी पे करे ओर इशारा करत बा। अइसन में एह तरे के कवनो आधिकारिक जानकारी ट्विटर के ओर से नइखे दिहल गइल।

पईसा देला के बाद का मिल जाई चेकमार्क

जदि रउआ ब्लू चेकमार्क खातिर पे करत बानी तs जरूरी नइखे कि रउआ चेकमार्क मिली। फी के संगे-संगे जरूरी होई कि यूजर ट्विटर के वेरिफाइड चेकमार्क खातिर एलिजिबल होखे। एकरा खातिर ट्विटर के खुद के कुछ टर्म्स एंड कंडीशन बा।

पहिले फ्री बाद में काहे वसूलल जा रहल बा पईसा

वेरिफिकेशन बैज ट्विटर पs यूजर के पहचान के सत्यापित करत बा। अइसन में लमहर समय से नुकसान में चल रहल ट्विटर के रेवेन्यू जेनेरेट करे के जरूरत बा। पेड सब्सक्रिप्शन के फैसला कंपनी के नया सीईओ एलन मस्क के हs, ताकि कंपनी के हालत में सुधार कइल जा सके।

केतना रंग के बा वेरिफिकेशन बैज

ट्विटर पs तीन रंग के वेरिफिकेशन बैज बा। कवनो एगो यूजर के पहचान खातिर ब्लू चेकमार्क बा। ओहिजा, कवनो संस्थान भा ओकरा से जुड़ल ऑफिशियल खातिर ई येलो रंग में उपलब्ध बा। ओहि तरे सरकार आ सरकार से जुडल मंत्रालयन खातिर ई ग्रे रंग में बा।

ट्विटर ब्लू से का मिली फायदा 

ट्विटर के पेड सब्सक्रिप्शन लेत बानी तs रउआ लमहर ऐड्स कम देखे के मिली। पेड सर्विस लेवे वाला यूजर ट्विटर पs 10,000 कैरेक्टर तक के ट्वीट्स कs सकी। यूजर के लगे टेक्स्ट फॉर्मेटिंग, ट्विटर ऐप आइकन आ प्रोफाइल कस्टमाइज करे आ थीम जइसन ढ़ेरे फायदा मिली।

वेब वर्जन आ मोबाइल वर्जन में का बा फर्क, केतना बा फीस

दरअसल कुछ यूजर्स ट्विटर के वेब वर्जन के इस्तेमाल करेला। ओहिजा कुछ यूजर्स मोबाइल वर्जन के इस्तेमाल करेला लो। अइसन में यूजर्स के सर्विस वर्जन के आधार पs अलग-अलग फी चुकावे के होई।

मोबाइल यूजर्स खातिर मंथली फीस 900 रुपिया आ सालाना फीस 9400 रुपिया बा। वेब यूजर्स खातिर मंथली फीस 650 रुपिया आ सालाना फीस 6800 रुपिया तय कइल बा।

527040cookie-checkTwitter वेरिफिकेशन चेकमार्क से जुड़ल 7 बड़ सवाल, जवन हर केहू के कर रहल बा हैरान आ परेसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.