एजुकेशन डेस्क। नेशनल एलिजिबिलिटी कम एंट्रेंस टेस्ट अंडरग्रेजुएट (NEET UG 2025) परीक्षा के आयोजन 4 मई के कइल गइल रहे, जेमे 20 लाख से जादे स्टूडेंट्स ने भाग लेले रहे लोग। अब एह सब उम्मीदवारन के रिजल्ट जारी होखे के इंतजार बा जवन जल्दिये खत्म हो वाला बा। एनटीए के ओर से जारी ब्रोशर के मोताबिक नीट यूजी 2025 रिजल्ट 14 जून के घोषित कइल जाई।
नतीजन के संगही एह परीक्षा में भाग लेवे वाला स्टूडेंट्स खातिर फाइनल आंसर जारी कs दिहल जाई। नतीजा आउर फाइनल आंसर की एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट neet.nta.nic.in पs जारी कइल जाई।
एह तरे डाउनलोड कइल जा सकी स्कोरकार्ड
नीट यूजी परीक्षा में भाग लेवे वाला स्टूडेंट्स के बता दीं कि फाइनल आंसर की पीडीएफ फॉर्मेट में जारी कइल जाई। जे उम्मीदवार उत्तर कुंजी पs आपत्ती दर्ज कइले रहे लोग ऊ लोग एकरा से दोबारा प्रश्न उत्तरन के मिलान कs सकत बा लाेग हैं। ध्यान रखीं की अंतिम उत्तर कुंजी पs कवनाे प्रकार से आपत्ति दर्ज ना कइल जा सकी।
रिजल्ट चेक करे आ स्कोरकार्ड (रैंक कार्ड) डोनलोड करे खातिर स्टूडेंट्स के लॉग इन डिटेल दर्ज करे के होई। स्कोरकार्ड डाउनलोड करे के स्टेप्स निम्नलिखित बा-
NEET UG Result 2025 जारी होखतही सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट neet.nta.nic.in पs जाये के होई।
वेबसाइट के होम पेज पs लेटेस्ट न्यूज में रिजल्ट के एक्टिव लिंक पs क्लिक करे के होई।
अब रउआ एप्लीकेशन नंबर, पासवर्ड आ दिहल गइल सिक्योरिटी पिन दर्ज कs के साइन इन करे के होई।
अब रिजल्ट स्क्रीन पs ओपन हो जाई, जहां से रउआ एकरा के चेक कइला के संगही स्कोरकार्ड डाउनलोड कs लीं।
रिजल्ट जारी होखला के बाद MCC जारी करी काउंसिलिंग शेड्यूल
नीट यूजी रिजल्ट के घोषणा के बाद मेडिकल काउंसिल कमेटी (MCC) के ओर से काउंसिलिंग शेड्यूल जारी कइल जाई। ऑल इंडिया कोटा सीट्स खातिर काउंसिलिंग प्रक्रिया कुल चार चरणन में पूरा कइल जाला। स्टूडेंट्स रैंक के अनुसार काउंसिलिंग में भाग लेके आवंटित संस्थान में MBBS प्रोग्राम में प्रवेश प्राप्त कs पाई लोग। काउंसिलिंग में भाग लेवे खातिर स्टूडेंट्स के तय तिथियन में रजिस्ट्रेशन आ च्वाइस फिलिंग कइल अनिवार्य होई। एग्जाम से जुड़ल जादे डिटेल खातिर स्टूडेंट्स एमसीसी के ऑफिशियल वेबसाइट पs विजिट कs सकत बा लोग।
Read Also: ‘Virat Kohli जइसे गइलें, ओसे दुख भइल’, रवि शास्त्री बीसीसीआई के घेरलें; नया बहस छेड़लें