UP School Closed: परिषदीय स्कूलन में भीषण गरमी के कारण बढ़ावल गई छुट्टी, पढ़ीं आदेस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 13, 2025

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में भीषण गरमी आ लू के देखत परिषदीय स्कूलन के छुट्टी बढ़ा दिहल गइल बा। अब छात्र-छात्र लोगन खातिर स्कूल 30 जून तक बंद रही। पहिले 20 मई से 15 जून तक

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में भीषण गरमी आ लू के देखत परिषदीय स्कूलन के छुट्टी बढ़ा दिहल गइल बा। अब छात्र-छात्र लोगन खातिर स्कूल 30 जून तक बंद रही। पहिले 20 मई से 15 जून तक स्कूलन में छुट्टी घोषित कइल गइल रहे। 16 जून से लईकन के स्कूल जाये के रहे। हालांकि शिक्षकन के 16 जून से स्कूल जाये के होई।

उप्र बेसिक शिक्षा परिषद के सचिव सुरेंद्र कुमार तिवारी एकरा खातिर आदेस पत्र जारी कइले बाडें। एमे ऊ कहलें कि वर्तमान में अत्यधिक गर्मी आ हीटवेव के देखत स्कूलन में 30 जून तक पठन-पाठन खातिर छात्र-छात्रा ना आई लोग। एक जुलाई से स्कूल अपना निर्धारित समय पs नियमित खुली।

एह दौरान स्कूल में शिक्षक, शिक्षामित्र, अनुदेशक आ शिक्षणेत्तर कर्मचारी विद्यालय जाई लोग। ऊ शैक्षणिक, प्रशासकीय आ आउर कामन के पूरा करी लोग। हालांकि मान्यता प्राप्त विद्यालयन में विद्यालय प्रबंध समिति आपन निर्णय लेवे खातिर अधिकृत बा। उ अपना हिसाब से निर्णय ले सकत बा।

Read Also: बांग्लादेश में रबींद्रनाथ टैगोर के पैतृक घर पs तोड़फोड़, सीएम योगी  जतवले कड़ा निंदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.