धनबाद। IndiGo Crisis : इंडिगो संकट से हलकान यात्रियन के उबारे खातिर रेलवे मोर्चा संभाल लेले बा। हवाई सेवा प्रभावित होखला से परेसान यात्रियन के गंतव्य तक पहुंचावे खातिर रेलभर के अलग-अलग शहरन खातिर स्पेशल ट्रेन के घोषणा कइल गइल बा।
हावड़ा-दिल्ली, हावड़ा-मुंबई, हावड़ा-जोधपुर के बीच धनबाद होके स्पेशल ट्रेन चलावल जाई। गोमो होके पुरी से दिल्ली खातिर स्पेशल ट्रेन चली। प्लेन से यात्रा करे वालन खातिर राजधानी एक्सप्रेस में अतिरिक्त फर्स्ट कोच जोड़ल जाई।
स्पेशल ट्रेनन के सूची
1. 04459 हावड़ा-नई दिल्ली स्पेशल
प्रस्थान: अतवार, रात 1:30 बजे, हावड़ा
धनबाद आगमन: सबेरे 7:15 बजे
नई दिल्ली आगमन: मंगर, सबेरे 8:00 बजे
2. 03009 हावड़ा-नई दिल्ली स्पेशल
प्रस्थान: सोमार, रात 11:00 बजे, हावड़ा
धनबाद आगमन: मंगर, सबेरे 4:15 बजे
नई दिल्ली आगमन: बुध, सबेरे 4:30 बजे
3. 03010 नई दिल्ली-हावड़ा स्पेशल
(8 आ 10 दिसंबर को चलेगी)
नई दिल्ली से प्रस्थान: सबेरे 7:30 बजे
धनबाद आगमन: अगिला दिन सबेरे 6:55 बजे
हावड़ा आगमन: दुपहरिया 1:30 बजे
4. 03127 सियालदह-लोकमान्य तिलक (मुंबई) स्पेशल
प्रस्थान: सोमार, रात 11:10 बजे, सियालदह
धनबाद आगमन: सबेरे 4:40 बजे
लोकमान्य तिलक (मुंबई) आगमन: 10 दिसंबर, दुपहरिया 3:30 बजे
5. 03128 लोकमान्य तिलक-सियालदह स्पेशल
(9 आ 11 दिसंबर के चली)
प्रस्थान: सबेरे 6:30 बजे, लोकमान्य तिलक (मुंबई)
धनबाद आगमन: अगिला दिन दुपहरिया 12:05 बजे
सियालदह आगमन: सांझ 7:30 बजे
6. 04808 हावड़ा-जोधपुर स्पेशल
प्रस्थान: 9 दिसंबर, रात 11:00 बजे, हावड़ा
धनबाद आगमन: अगिला दिन सबेरे 4:20 बजे
जोधपुर आगमन: 11 दिसंबर, दिन लगभग 11:50 बजे
7. 08403 पुरी-दिल्ली स्पेशल
प्रस्थान: सोमार, दिन 11:45 बजे, पुरी
गोमो आगमन: रात 8:20 बजे
दिल्ली आगमन: अगिला दिन दुपहरिया 1:30 बजे
8. 08404 आनंद विहार-भुवनेश्वर स्पेशल
प्रस्थान: 9 दिसंबर, सांझ 6:30 बजे, आनंद विहार (दिल्ली)
गोमो आगमन: अगिला दिन सबेरे 10:25 बजे
भुवनेश्वर आगमन: रात 10:00 बजे
भुवनेश्वर तेजस राजधानी में अतिरिक्त फर्स्ट एसी कोच
यात्रियन के भीड़ के मद्देनजर पूर्व तटीय रेल भुवनेश्वर से नई दिल्ली के बीचे चले वाला तेजस राजधानी में अतिरिक्त कोच जोड़े के घोषणा कइल गइल बा। 22811 भुनेश्वर-नई दिल्ली राजधानी एक्सप्रेस में अतवार के एगो अतिरिक्त फर्स्ट एसी कोच जोड़ल गइल।
सोमार के चले वाला 22812 नई दिल्ली-भुवनेश्वर तेजस राजधानी एक्सप्रेस में एगो अतिरिक्त फर्स्ट एसी कोच जोडल जाई। 22823 भुवनेश्वर-नई दिल्ली तेजस राजधानी एक्सप्रेस में आठ आ 22824 नई दिल्ली-भुवनेश्वर तेजस राजधानी एक्सप्रेस में 10 दिसंबर के एगो अतिरिक्त थर्ड एसी कोच जोड़ल जाई।
एह स्टेशन पs ट्रेन के ठहराव
सियालदह से मुंबई जाएवाली ट्रेन के ठहराव नैहाटी, बैंडेल, बर्द्धमान, दुर्गापुर, आसनसोल, धनबाद, कोडरमा, गया, सासाराम, डीडीयू, प्रयागराज छिवकी, माणिकपुर, सतना, कटनी, जबलपुर, इटारसी, खंडवा, भुसावल, मनमाड, नासिक रोड, इगतपुरी आ कल्याण में होई।
हावड़ा से नई दिल्ली जाये वाला ट्रेन बर्द्धमान,दुर्गापुर, आसनसोल, धनबाद, कोडरमा, गया, सासाराम, डीडीयू, प्रयागराज, गोविंदपुरी, इटावा आ टूंडला में रुकल।
हावड़ा-जोधपुर स्पेशल के ठहराव बर्द्धमान, दुर्गापुर, आसनसोल, धनबाद, कोडरमा, गया, सासाराम, डीडीयू, प्रयागराज, गोविंदपुरी, इटावा, टूंडला, ईदगाह आगरा, अछनेरा, भरतपुर, बांदीकुई, गांधीनगर, जयपुर, फुलेरा, नवासिटी, कुचामन सिटी, मकराना, डेगाना, रेन, मेड़ता रोड, गोटन आ पिपर रोड में होई।





