[the_ad_group id="30365"]

Goa Fire : नाइटक्लब के मैनेजर गिरफ्तार, मालिक खातिर वारंट जारी; सीएम देलें जांच के आदेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। गोवा के नाइट क्लब में लागल भीषण आग (Goa Nightclub Fire) के बाद राज्य सरकार एक्शन मोड में आ गइल बिया। गोवा के मुख्यमंत्री प्रमोद सावंत घटना के गंभीरता देखत जांच के आदेस दे देलें बाड़ें। एही बीच गोवा पुलिस क्लब के मैनेजर के गिरफ्तार कs लेलस, जबकि नाइट क्लब के मालिको पs अरेस्ट वारंट जारी कs दिहल गइल बा आ पुलिस ओकरा के खोजत बिया।

गोवा के अरपोरा में इस्थित ‘बर्च बाय रोमियो लेन’ नाइट क्लब में बीतल रात करीब 12:04 बजे सिलेंडर फटला से आग लागल। आग में कुल 25 लोगन के जान चल गइल, जवना में कइयन गो बिदेसी पर्यटक सामिल रहे लाेग।

सीएम देलें मजिस्ट्रेट जांच के आदेस

मुख्यमंत्री प्रमोद सावंत खुद घटनास्थल पs पहुंचलें आ मजिस्ट्रियल जांच के निरदेस देलें। सीएम सावंत के मोताबिक, नाइट क्लब के जनरल मैनेजर के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। क्लब के दुगो मालिकन के खिलाफ वारंट जारी कs दिहल गइल बा आ पुलिस लगातार ओकनी के खोज में बिया।

सीएम स्थानीय प्रशासन के आदेस देलें कि पीड़ित परिवार के हर संभव मदद पहुंचावल जावs। जे घायल बा, ओकर अस्पताल में सही से देखभाल होखे, इहो खास निरदेस दिहल गइल बा। नियम ताक पs रखेवालन पs सीएम सख्त कार्रवाई के निरदेस देलें।

प्रधानमंत्री देलें मुआवजा के घोषणा

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, दुनु जने घटना पs दुख जतवलें आ पीड़ित परिवारन के प्रति संवेदना व्यक्त कइलें। पीएम मोदी मृतकन के परिवार खातिर 2 लाख रुपिया आ घायलन खातिर 50 हजार रुपिया के मुआवजा के घोषणा कइलें।

Read Also: Vande Matram : 150oवां वर्षगांठ पs काल्ह संसद में होई खास चरचा, लोकसभा में पीएम मोदी करिहें सुरुआत

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]