[the_ad_group id="30365"]

Kavya Utsav 2025 : इंडिया पोएट्री हाउस के 6वीं वर्षगांठ पs गोरखपुर में काव्य उत्सव-2025 के भइल भव्य आयोजन

India Poetry House Kavya Utsav 2025 grand celebration in Gorakhpur
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। इंडिया पोएट्री हाउस के 6वीं वर्षगांठ के अवसर पs अतवार के गोरखपुर में काव्य उत्सव-2025 के भव्य आयोजन कइल गइल। साहित्य, कला आ संस्कृति से सराबोर एह कार्यक्रम में शहर के सभागार साहित्य प्रेमियन से खचाखच भरल रहल।

एह काव्योत्सव में हर आयु वर्ग के कवि, रचनाकार आ क्रिएटर्स मंच पs अपना भावना के प्रभावी शब्दन में पिरोके प्रस्तुत कइल। कार्यक्रम के दौरान कलम, कला आ संस्कृति के अद्भुत संगम देखे के मिलल, जवन दर्शकन के मंत्रमुग्ध कs दिहल। उभरत नवोदित कवियन से लेके वरिष्ठ साहित्यकारन तक, सभे आपन-आपन रचना से श्रोता लोगन के भरपूर वाहवाही लूटलस। दर्शक लोग पूरा उत्साह आ ऊर्जा के संगे कार्यक्रम के आनंद उठावल।

पिछला छह बरिसन में इंडिया पोएट्री हाउस पूर्वांचल के एगो सशक्त साहित्यिक मंच के रूप में उभरल बा। संस्था सइयन गो ओपन माइक आयोजनन के माध्यम से नवोदित रचनाकारन आ कवियन के मंच प्रदान कइले बा। काव्य उत्सव-2025 एही रचनात्मक यात्रा के सानदार उत्सव बनके सामने आइल।

कार्यक्रम के संचालन अंकुर मौर्य कइलें। ऊ कहलें-
“हमनी के उद्देश्य हर आवाज के मंच आ हर भावना के सम्मान दिहल बा। साहित्य के ई यात्रा आगे हमनी के प्रतिबद्धता आ समर्पण के संगे आगे बढ़त रही।”

ई आयोजन ना खाली साहित्य प्रेमियन खातिर प्रेरणादायक क्षण लेके आइल, बलुक गोरखपुर के सांस्कृतिक पहचान के आउर जादे सशक्त आ समृद्ध बना गइल।

Read Also: Goa Fire : नाइटक्लब के मैनेजर गिरफ्तार, मालिक खातिर वारंट जारी; सीएम देलें जांच के आदेस

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]