एनडीए बैठक: सशस्त्र बलन आ पीएम मोदी के प्रशंसा में प्रस्ताव पारित; जातिगत जनगणना के फैसला सराहल गइल

Share

सेंट्रल डेस्क: राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (एनडीए) के मुख्यमंत्रियन आ उपमुख्यमंत्रियन के अतवार के बैठक में अहम प्रस्ताव पारित कइल गइल। बैठक में ‘ऑपरेशन सिंदूर’ के दौरान भारतीय सशस्त्र बलन के वीरता आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के साहसी नेतृत्व के प्रशंसा करत एगो प्रस्ताव पारित कइल गइल। बैठक में जातिगत जनगणना पs चरचा भइल। एह दौरान अगिला जनगणना में जाति गणना करावे खातिर केंद्र सरकार के फैसला के सराहना कइल गइल।

सूत्रन के मोताबिक, शिवसेना नेता आ महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के ओर से पेश प्रस्ताव में कहल गइल कि ‘ऑपरेशन सिंदूर’ भारतीयन के आत्मविश्वास बढ़वले बा। एमे पीएम मोदी के नेतृत्व के प्रशंसा करत कहल गइल कि ऊ हमेसा सशस्त्र बलन के समर्थन कइले बाड़ें। ‘ऑपरेशन सिंदूर’ आतंकवादियन आ ओकरा प्रायोजकन के करारा जवाब देले बा।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ केंद्रीय मंत्री अमित शाह, राजनाथ सिंह आउर भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा एक दिवसीय सम्मेलन में भाग लिहल। सम्मेलन में करीब 19 मुख्यमंत्री आ एतनही उपमुख्यमंत्री मवजूद रहे लोग।

कार्यक्रम के आयोजन करे वाली भाजपा कहलस कि बैठक में जाति गणना, मोदी सरकार के तीसरका कार्यकाल के पहिला वर्षगांठ आ सुशासन के मुद्दा पs विचार-विमर्श कइल गइल। एह सम्मेलन में विचार-विमर्श के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा अलग-अलग एनडीए राज्य सरकारन के ओर से अपनावल गइल सर्वोत्तम प्रथा पs केंद्रित रहल। कइयन गो मुख्यमंत्री अपना राज्यन के प्रमुख योजनन पs प्रस्तुति दिहल लोग। बैठक में 22 अप्रिल पहलगाम में भइल आतंकी हमला में मारल गइल लोगन के श्रद्धांजलियो दिहल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-