यूपी के दुगो सांसद- प्रवीण पटेल आ रवि किशन के मिली पुरस्कार, एs वजह से होहिहें लोग सम्मानित

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2025

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में फुलपुर लोकसभा क्षेत्र से भारतीय जनता पार्टी के सांसद प्रवीण पटेल के सम्मानित कइल जाई.  फुलपुर लोकसभा सीट से भाजपा सांसद प्रवीण पटेल के साल 2025 के संसद रत्न पुरस्कार

Share

प्रवीण पटेल आ रवि किशन के मिली पुरस्कार

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में फुलपुर लोकसभा क्षेत्र से भारतीय जनता पार्टी के सांसद प्रवीण पटेल के सम्मानित कइल जाई.  फुलपुर लोकसभा सीट से भाजपा सांसद प्रवीण पटेल के साल 2025 के संसद रत्न पुरस्कार दिहल जाई, इस पुरस्कार उनुका के नागरिक समाज के ओर से जुलाई के अंतिम सप्ताह में नई दिल्ली में होखेवाला समारोह में दिहल जाई।

अबकी ई पुरस्कार लोकसभा आ राज्यसभा के 17 गो सांसदन आ दू गो संसदीय समितियन के देबे के बा.  यूपी में प्रवीण पटेल के अलावे रवि किशन के इs पुरस्कार भी दिहल जाई। एह पुरस्कार के मापदंड संसद में पेश कइल गइल सवाल, बहस आ विधेयक के साथे-साथे उपस्थिति आ प्रदर्शन के मापदंड बा।

ई पुरस्कार ‘प्राइम प्वाइंट फाउंडेशन’ के ओर से शुरू कईल गईल रहे। ई पुरस्कार सांसदन के संसद में योगदान खातिर दिहल जाला. पुरस्कार विजेता लोग के चयन राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग आयोग (एनसीबीसी) के अध्यक्ष हंसराज अहीर के अध्यक्षता में एगो निर्णायक मंडल समिति कइले बा.

महताब, सुप्रिया सुले (राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी-शरदचंद्र पवार), एन. के. प्रेमचंद्रन (रिवोल्यूशनरी सोशलिस्ट पार्टी) आ श्रीरंग अप्पा बारणे के ‘संसदीय लोकतंत्र में उत्कृष्ट आ निरंतर योगदान’ खातिर पुरस्कार प्रदान कइल जाई.

‘प्राइम प्वाइंट फाउंडेशन’ के ओर से जारी एक बयान में कहल गइल कि इs चार सांसद 16वीं आ 17वीं लोकसभा के दौरान शीर्ष प्रदर्शन करे वाला सांसद रहले आ आपन वर्तमान कार्यकाल में भी उs अइसन ही करत बाड़े।

इनकरा के भी मिली पुरस्कार


अन्य पुरस्कार विजेता में स्मिता वाघ (भारतीय जनता पार्टी), अरविंद सावंत (शिवसेना उद्धव बालासाहेब ठाकरे), नरेश गणपत म्हस्के (शिवसेना), वर्षा गायकवाड़ (कांग्रेस), मेधा कुलकर्णी (भाजपा), निशिकांत दुबे (भाजपा), विद्युत बरन महतो (भाजपा), पी. पी. चौधरी (भाजपा), मदन राठौर (भाजपा), सी. एन. अन्नादुरई (द्रविड़ मुनेत्र कषगम) आ दिलीप सैकिया (भाजपा) शामिल बाडे।

विभागन से संबंधित दु स्थायी समितियन वित्त आ कृषि के भी संसद में प्रस्तुत उनकरी रिपोर्ट के आधार पs पुरस्कार खातिर चुनल गइल बा. वित्त संबंधी स्थायी समिति महताब के अध्यक्षता में संसद के स्थायी समिति बा, जबकि कृषि संबंधी स्थायी समिति के अध्यक्ष कांग्रेस के चरणजीत सिंह चन्नी हउए।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.