नवरात्रि के व्रत खातीर बनाई मूंगफली के घुघनी, आपके फेवरेट बन जाई इs हेल्दी रेसिपी

Minee Upadhyay
मूंगफली के घुघनी

मूंगफली के घुगनी बनावे खातिर एक कप मूंगफली, दुगो बीच आकार के उबले आलू, एक चम्मच जीरा, एक बारीक कटल हरियर मिर्च, एक इंच कसल अदरक के टुकड़ा, करिया नमक, रॉक सॉल्ट, आधा चम्मच लाल मिर्च पाउडर, बारीक कटल धनिया के पत्ता, एक चम्मच नींबू के रस अवुरी एक चम्मच घी चाहे तेल के जरूरत होई।

पहिला कदम: मूंगफली के घुगनी बनावे खातिर सबसे पहिले मूंगफली के मध्यम आंच पs बढ़िया से भुन लीं। अब ई गोल्डन रंग के भुनावल मूंगफली ठंडा होखे दीं।

दूसरा कदम- अब मूंगफली के छिलका निकाले के पड़ी। एकरा बाद कड़ाही में घी भा तेल गरम कs लीं।

तीसरा कदम- घी में जीरा, कटल हरियर मिर्च आ अदरक डाल के एह तीनों चीज के तनी-मनी तल लीं। एकरा बाद उबलल आलू के छील के बढ़िया से मैश कs ली।

चउथा कदम- कड़ाही में मसलल आलू डाल के बाकी सामग्री के संगे बढ़िया से मिला लीं। अब ओकरा में करिया नमक, रॉक नमक अवुरी लाल मिर्च पाउडर डाल दीं। 

पांचवा कदम- अंत में एह मिश्रण में भुनावल मूंगफली डाल देवे के पड़ी। सभ चीज़ के मिश्रण के लगभग 2 से 4 मिनट तक पकाईं।

छठवाँ कदम- मूंगफली के घुगनी के स्वाद बढ़ावे खातिर एकरा में बारीक कटल धनिया आ नींबू के रस भी डाल सकेनी।

विश्वास करीं मूंगफली के घुगनी के स्वाद लइका से लेके बड़का लोग के पसंद आई। नवरात्रि के व्रत खातिर ई रेसिपी एकदम सही विकल्प साबित हो सकेला। मूंगफली के घुगनी ना सिर्फ स्वादिष्ट होखेला बालुक स्वास्थ्य खातीर भी बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। अगर रउवा भी अबकी बेर नवरात्रि के बरत रखले बानी तs रउवा के इs बहुत आसान रेसिपी जरूर आजमावे के चाही।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment