कइसे बनाई ढाबा स्टाइल पंजाबी लस्सी, फॉलो करीं ई रेसिपी, मिनटन में हो जाई तैयार

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2025

गर्मी में लोग अक्सर लस्सी के अपना डाइट प्लान के हिस्सा बनावेला। ठंडा लस्सी आपके शरीर के ठंडा करे के अलावे आपके स्वास्थ्य पs बहुत सकारात्मक प्रभाव डाल सकता। पंजाबी स्टाइल के लस्सी बनावे खातिर

Share

ढाबा स्टाइल पंजाबी लस्सी

गर्मी में लोग अक्सर लस्सी के अपना डाइट प्लान के हिस्सा बनावेला। ठंडा लस्सी आपके शरीर के ठंडा करे के अलावे आपके स्वास्थ्य पs बहुत सकारात्मक प्रभाव डाल सकता। पंजाबी स्टाइल के लस्सी बनावे खातिर एक कप ताजा दही, आधा कप ठंडा पानी, दु चम्मच चीनी, एक चौथाई चम्मच इलायची पाउडर, आधा चम्मच गुलाब जल, 4 बर्फ के टुकड़ा अवुरी बारीक कटल काजू अवुरी पिस्ता के जरूरत होई।

*सबसे पहिले एगो कटोरी में दही निकाल के ओकरा बाद ओकरा के बढ़िया से फेंट लीं।

*अब एह कटोरी में चीनी आ इलायची के पाउडर डाल के दही में मिलावे के पड़ी। आप अपना पसंद के मुताबिक कम-बेसी मिठास डाल सकतानी।

*अब ठंडा पानी आ गुलाब जल डाल दीं। एकरा बाद रउरा एह सब चीजन के बढ़िया से मिलावे के पड़ी.

*अगर रउआ झागदार लस्सी बनावे के बा तs एह मिश्रण के कुछ देर खातिर फेंट लेवे के चाहीं।

*अंत में रउआ लस्सी में कुछ बर्फ के टुकड़ा डाल सकेनी ताकि लस्सी ठंडा हो जाव।

*अगर रउआ चाहीं त सजावे खातिर ड्राई फुट जइसे कि कटल काजू आ पिस्ता के इस्तेमाल कs सकेनी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.