[the_ad_group id="30365"]

हिरासत में लेहल गइले राहुल गांधी, कांग्रेस मुख्यालय के बाहर कार्यकर्ता लोग कइल हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल हेराल्ड(National Herald Case) अखबार से जुड़ल कथित मनी लॉन्ड्रिंग के मामले में कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आजु एक बेर फिर से ईडी दफ्तर पहुंचल बाड़ी। सोनिया के साथ उनकर बेटा राहुल अउरी बेटी प्रियंका भी मौजूद बाड़ी। उहवें राहुल गांधी के गिरफ्तार क लेहल गइल बा।

हिरासत में लेहल गइलें राहुल गांधी

दिल्ली पुलिस कांग्रेस नेता राहुल गांधी के हिरासत में ले लेहले बा। ऊ विजय चौक पर प्रदर्शन करत रहने। एह दौरान राहुल कहले कि सब सांसद इहां पर महंगाई अउरी बेरोजगारी के मुद्दे पर बात कइलें लेकिन ई (पुलिस) लोग हमके बइठे दे रहल बानें अउरी हमके हिरासत में ले रहल बानें।

विपक्ष के खत्म कइल चाहत बानें मोदी जी: खड़गे

कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खड़गे कहले कि ई मोदी जी अउरी अमित शाह जी के साजिश ह कि विपक्ष के खत्म कइल अउरी हमनीके आवाज बंद कइल ह। हम एसे डरे वाले नाइ बानीं जा.हमनीके लड़त रहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]