कठुआ में मारल गइले दु गो आतंकवादी, देखी मुठभेड़ के तस्वीर

कठुआ में मारल गइले दु गो आतंकवादी

Share

कश्मीर के कठुआ में आतंकी आ सेना के जवानन कr बीच मुठभेड़ जारी बा. ई मुठभेड़ पिछला तीन दिन से चलत बा.बियफ़ें के प्रतिबंधित संगठन जैश-ए-मोहम्मद के आतंकियन के छिपावे के जानकारी मिलला के बाद से मुठभेड़ जारी बा।

एह मुठभेड़ में जम्मू-कश्मीर के चार पुलिसकर्मी शहीद हो गइल बाड़े. दू गो आतंकी मारल गइल बाड़े. सेना आ आतंकियन के बीच आजुओ शनिचर के दिने मुठभेड़ जारी बा. शनिचर के दिने भइल एह अभियान में दू गो आतंकियन के लाश बरामद भइल बा आ ओह लोग के लगे से हथियारो बरामद भइल बा.

डीजीपी नलिन प्रभात मेडिकल कॉलेज में शहीदन के शव के स्वागत कइली, जहाँ लाश के पोस्टमार्टम करावल गइल. एकरा बाद कठुआ के जिला पुलिस लाइन पs पुष्प श्रद्धांजलि दिहल गईल। डीजीपी नलिन प्रभात पुष्टि कईले कि इs उहे आतंकवादी समूह रहे जवना के 23 मार्च के हीरानगर सेक्टर के सानियाल गांव में रोकल गईल रहे, बाकिर समूह के सदस्य भागे में कामयाब हो गईले।

एकरा अलावे डीजीपी कसम खइले कि जबले सगरी आतंकी समूहन से सही तरीका से निपटल ना जाई तबले उनुकर बल ना तs सुती ना आराम करी.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-