जाम छलकाए वालन खातीर अपडेट, दिल्ली में अप्रैल-जून तिमाही में 5 दिन रही ड्राई डे, जानीं तारीख

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2025

अगर रउवा भी शराब पीए वाला दिल्ली में रहत बानी तs रउवा खातिर एगो ताजा खबर बा। सोमार के दिल्ली सरकार वित्तीय वर्ष 2025-26 के पहिला तिमाही में पांच ड्राई डे के घोषणा कs देलस

Share

अगर रउवा भी शराब पीए वाला दिल्ली में रहत बानी तs रउवा खातिर एगो ताजा खबर बा। सोमार के दिल्ली सरकार वित्तीय वर्ष 2025-26 के पहिला तिमाही में पांच ड्राई डे के घोषणा कs देलस ताकि राम नवमी अवुरी गुड फ्राइडे समेत महत्वपूर्ण धार्मिक उत्सव पs शराब के दोकान बंद राखल जा सके। पीटीआई के खबर के मुताबिक, शहर सरकार के आबकारी विभाग के ओर से जारी एगो ताजा आदेश के मुताबिक, राष्ट्रीय राजधानी में शराब के दोकान राम नवमी (6 अप्रैल), महावीर जयंती (10 अप्रैल), गुड फ्राइडे (18 अप्रैल), बुद्ध पूर्णिमा (12 मई) अवुरी ईद-उल-जुहा (6 जून) के बंद रही।

आदेश प्रदर्शित करे के निर्देश


खबर के मुताबिक आबकारी आयुक्त सनी सिंह जारी आदेश में कहले कि, दिल्ली आबकारी नियम, 2010 के नियम 52 के प्रावधान के मुताबिक शराब के लाइसेंसधारी खातीर ड्राई डे घोषित कs दिहल गईल बा।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.