Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारतवंशी लक्ष्मण नरसिंह्मन होइहें स्टारबक्स के नए सीईओ, अगिला साल सम्हरिहें नयका प्रभार

226

दुनिया के दिग्गज कॉफी कंपनी स्टारबक्स भारतवंशी लक्ष्मण नरसिंह्मन के नयका मुख्य कार्यकारी अधिकारी बनवल बिया।

55 साल के नरसिंह्मन लंदन से अमेरिका भेजल जइहें। ऊ एक अप्रैल 2023 के सीईओ बनिहें। स्टारबक्स बियफ़े के घोषणा कइलन कि नरसिंह्मन कंपनी के अगिला मुख्य कार्यकारी अधिकारी अउरी स्टारबक्स के निदेशक मंडल के सदस्य बनिहें।

नरसिंह्मन लंदन से अमेरिका के सिएटल में भेजल गइला के बाद एक अक्तूबर 2022 के भावी सीईओ बनिहें। सीईओ के रूप में ऊ अगिला साल पदभार सम्हरिहें। तब ले वे अंतरिम सीईओ हॉवर्ड शुल्त्स के संगे मिल के काम करिहें।

एकरे पहिले नरसिंह्मन रेकिट (Reckitt), लॉयसोल (Lysol) अउरी बेबी फॉर्मूला निर्माता इनफैमिल (Enfamil) में कार्य कs चुकल बानें। उ बियफ़े को ही ब्रिटेन के रेकिट बेंकिजर ग्रुप के मुख्य कार्यकारी के पद छोड़ले के एलान कइलें रहलें। रेकिट छोड़ला के बाद कंपनी के शेयर मूल्य में चार फीसदी के गिरावट देखे के मिलल।

स्टारबक्स के चेयरमैन मेलोडी हॉब्सन कहलें कि कंपनी के मानल बा कि हमके अपने अगिले सीईओ के रूप में एगो असाधारण व्यक्ति मिलल बानें। नरसिंह्मन कारोबारी दुनिया में कई अहम काम कs के नगदे नाम कमइले बाड़ें।

319970cookie-checkभारतवंशी लक्ष्मण नरसिंह्मन होइहें स्टारबक्स के नए सीईओ, अगिला साल सम्हरिहें नयका प्रभार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.