ईरान में नाइ थमsता हिजाब के बवाल, हिंसा में मृत भाई के कब्र पर बहिन काट के चढ़वली बाल

Share

ईरान में हिजाब विवाद थमले के नामे नाइ ले रहल बा, बलुक ई बढ़ते जात बा। मॉरल पुलिस के हिरासत में लीहल गइल महसा अमीनी के मौत के बाद से शुरू भइल आंदोलन उग्र रूप ले चुकल बा। अब एगो वीडियो सोझे आइल बा, जेमें हिजाब विरोधी आंदोलन के दौरान हिंसा में मारल गइल एगो ईरानी व्यक्ति के बहिन अपने भाई के कब्र पर बाल काट के चढ़ावत नजर आ रहल बाड़ी।

ईरान में हिजाब विरोधी प्रदर्शन में 41 से ज्यादा लोग मारल गइल बा। अब ले 700 से ज्यादा लोग गिरफ्तार कइल गइल बा। एही बीच, हिंसा में मारल गइल ईरानी नागरिक जवाद हैदरी के दफनावल गइले के एगो वीडियो वायरल हो रहल बा। एहमें हैदरी के बहन भाई के कब्र पर अपने मूड़ी के बाल काट के ईरान सरकार के हिजाब नीति के विरोध करत नजर आ रहल बा।

https://twitter.com/1500tasvir_en/status/1574110465776574467?t=8e0-3xffPGh44A89CRvEyA&s=19

वीडियो में हैदरी के मौत से दुखी महिला लोग ओकरे कब्र पर फूल चढ़ावत लउकत बाड़ी। उहवें, हैदरी के बहन फूल से ढकल कब्र के ऊपर विलाप करत आपन बाल चढ़ावतड़ी। उनके पीछे शोकाकुल महिला लोग ठाढ़ बा। एह वीडियो के ले के ईरानी पत्रकार अउरी कार्यकर्ता मसीह अलीनेजाद कहलेंकि आपन बाल काट के ईरानी महिलाएं दुख अउरी आक्रोश प्रकट क रहल बाड़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-