[the_ad_group id="30365"]

मस्क लॉन्च कइलें ‘बर्न हेयर’ परफ्यूम, कीमत जान के पड़ जाइब अचरज में, मिनट भर में बिकल 10 हजार बोतल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे अमीर आदमी अउर टेस्ला कंपनी के मालिक एलन मस्क अब एगो नया व्यावसायिक उद्यम के घोषणा कइल गइल। एकरे तहत ऊ “बर्न्ट हेयर” नाम के एगो परफ्यूम लॉन्च कइले बानें।  मस्क अपने ट्विटर बायो के “परफ्यूम सेल्समैन” के रूप में अपडेट कs देहले बानें। उ बर्न हेयर के खुशबू के “पृथ्वी पर बेहतरीन खुशबू” कहलें।

बोरिंग कंपनी के वेबसाइट के जरिए बेचल जा रहल बा  ‘बर्न्ट हेयर’ परफ्यूम

‘बर्न्ट हेयर’ परफ्यूम के बोरिंग कंपनी के वेबसाइट के जरिए बेचल जा रहल बा। एह परफ्यूम के कीमत 100 US डॉलर बा, जौन भारतीय रुपया में लगभग 8400 रुपया होई। एलन मस्क बतवलें कि बर्न्ट हेयर परफ्यूम के क्रिप्टोकरेंसी के माध्यम से पेमेंट कs के भी खरीद सकतनी।एकरे खातिर शिपिंग चार्जेस 3,000 रुपया लागी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]