[the_ad_group id="30365"]

मशहूर शायर मुनव्वर राणा के भइल निधन, 71 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मशहूर शायर मुनव्वर राणा के निधन हो गइल बा। उ 71 साल के उमिर में लखनऊ में आपन आखिरी सांस लेले। जानकारी के मुताबिक, उ पछिला कई दिन से बेमार रहले अवुरी संजय गांधी पीजीआई, लखनऊ के आईसीयू वार्ड में उनुकर इलाज चलत रहे। राणा के कई गो रचना हिंदी, अवधी आ उर्दू भाषा में प्रकाशित भइल बा। संगही उनुका के साहित्य अकादमी पुरस्कार से सम्मानित कईल गईल बा। हालांकि देश में असहिष्णुता के आरोप लगावत उs इs पुरस्कार वापस कs देले।

पिछला साल मई में भी बिगड़ गईल रहे स्वास्थ्य

पिछला साल मई में भी उनकर हालत बिगड़ गइल रहे, जेकरा बाद लखनऊ के अपोलो अस्पताल में लाइफ सपोर्ट सिस्टम पs रखल गइल रहे। ओह घरी शायर के पित्ताशय के ऑपरेशन भइल रहे, जेकरा बाद उनकर स्वास्थ्य बिगड़ गइल। हालांकि ओह घरी ऊ ठीक हो गइल रहले। हाल ही में किडनी से जुड़ल समस्या के बाद उनुका के एसजीपीजीआई में भर्ती करावल गईल। इहाँ उनुका के आईसीयू वार्ड में भर्ती करावल गईल। जवना के बाद अतवार के रात करीब 11:30 बजे उ अंतिम सांस लेले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]