[the_ad_group id="30365"]

घनघोर बारिश के कारन Mumbai University परीक्षा के कइलस स्थगित, स्कूल आ कॉलेजो बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बरखा के चलते देश के अधिकतर हिस्सा में तबाही मच गइल बा. एही बीच मुसलाधार बरखा के चलते मुंबई के हालात खराब हो गइल बा. अइसना में बरखा के चलते शहर के खराब हालत के देखत मुंबई विश्वविद्यालय चलत परीक्षा टार दिहले बा. विश्वविद्यालय के ओर से साझा नोटिस के मुताबिक, सेंटर फॉर डिस्टेंस एंड ऑनलाइन एजुकेशन (पहिले आईडीओएल के नाम से जानल जात रहे) के आज यानी 8 जुलाई के होखे वाला सभ परीक्षा 13 जुलाई ले टाल दिहल गईल बा। अब परीक्षा सबेरे 11 बजे से दुपहरिया 12 बजे ले करावल जाई. परीक्षा के जगह उहे रही।

बता दीं कि देश के वित्तीय राजधानी मुंबई में आजुकाल्हु भारी बरखा के संकट के सामना करे के पड़त बा. मुंबई के हालात बाढ़ जइसन हो गइल बा जवना के चलते लोग के जिनिगी बाधित हो गइल बा. बता दीं कि एह भारी बरखा से मुंबई के ओर ट्रेन आ परिवहन पs भी असर पड़ल बा।

उड़ान के डायवर्ट कर दिहल गइल

सड़क मार्ग से लेके हवाई मार्ग ले भारी बरखा के असर पड़ल बा। मुंबई हवाई अड्डा पs 27 उड़ान के डायवर्ट कs दिहल गइल. एतने ना, रात में 2.20 से 3.40 ले एयरपोर्ट पs परिचालन बंद करे के पड़ल। अहमदाबाद, हैदराबाद, इंदौर जईसन शहर में उड़ान के डायवर्ट करे के पड़ी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]