Mumbai Mayor Election : मुंबई के मेयर के बनी? महायुति में सस्पेंस बरकरार, शिंदे से बातचीत के बीच सीएम फडणवीस दावोस पहुंचलें

Maharashtra CM Devendra Fadnavis leaving for Davos amid Mumbai mayor election suspense

Share

नई दिल्ली। मुंबई महानगरपालिका (BMC) के नया मेयर के नाम के लेके राजनीतिक गलियारा में जोरदार चरचा चल रहल बा। महायुति गठबंधन के बड़ जीत के बादो अभी तक ई साफ नइखे हो सकल कि मुंबई के अगिला महापौर के बनी। एह बीच मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस विश्व आर्थिक मंच (WEF) के बैठक में सामिल होखे खातिर दावोस रवाना हो गइलें, जवना चलते मेयर पद के लेके चल रहल बातचीत फिलहाल रुक गइल बा।

टाइम्स ऑफ इंडिया के रिपोर्ट के मोताबिक, महापौर पद के कैटेगरी तय करे खातिर 22 जनवरी के लॉटरी होई। एह लॉटरी के बादे मेयर चुनाव के तारीख साफ होई आ पूरा प्रक्रिया जनवरी के आखिर तक खिंच सकेला।

लॉटरी से तय होई महापौर पद के कैटेगरी

रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 22 जनवरी के लॉटरी निकालल जाई, जवना में ई तय होई कि महापौर पद ओपन कैटेगरी में रही कि फेर SC/ST, OBC भा महिला आरक्षण के तहत जाई। लॉटरी के नतीजा अइला के बाद ओही दिन भा अगिला दिन, माने 23 जनवरी तक आधिकारिक नोटिफिकेशन जारी कइल जाई।

नोटिफिकेशन के बाद सात दिन के नोटिस देहल जरूरी होला, एह हिसाब से महापौर चुनाव 29-30 जनवरी भा 30-31 जनवरी के बीच हो सकेला।

फडणवीस के दावोस यात्रा से रुकल बातचीत

फिलहाल मुख्यमंत्री फडणवीस दावोस में व्यस्त बाड़ें, एहिसे महायुति गठबंधन में सामिल भाजपा आ शिंदे गुट वाली शिवसेना के बीच महापौर पद के बंटवारा के बातचीत आगे नइखे बढ़ पा रहल। फडणवीस अतवार के दावोस रवाना भइलें आ 24 जनवरी के वापसी के उम्मेद बा। ओह दिन के बादे एह मुद्दा पs आखिरी फैसला हो सकेला।

दावोस में फडणवीस, निवेश पs खास फोकस

मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस दावोस में विश्व आर्थिक मंच के 56वां सालाना बैठक में हिस्सा ले रहल बाड़ें। ई बैठक 19 से 23 जनवरी तक चली, जवना में 130 से जादे देसन के करीब 3,000 वैश्विक नेता सामिल हो रहल बाड़ें। दावोस पहुंचतही फडणवीस मराठी समुदाय से मुलाकात कइलें।

एह यात्रा में उनका संगे उद्योग मंत्री उदय सामंत आ कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी मवजूद बा लोग। फडणवीस कहले बाड़ें कि WEF 2026 महाराष्ट्र के 1 ट्रिलियन डॉलर के अर्थबेव्स्था बनावे में अहम भूमिका निभाई। पिछिला साल महाराष्ट्र 16 लाख करोड़ रुपिया के निवेश समझौता कइले रहे, आ एह साल आउर जादे निवेश ले आवे के लक्ष्य तय कइल गइल बा। फोकस खास तौर पs FDI, रोजगार पैदा करे वाला औद्योगिक प्रोजेक्ट आ वैश्विक निवेशकन से सीधा बातचीत पs बा।

Read Also: Barabanki Bus Accident : गोरखपुर से दिल्ली जात रोडवेज बस 15 फीट नीचे गिरल, 12 के हालत गंभीर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-