[the_ad_group id="30365"]

Barabanki Bus Accident : गोरखपुर से दिल्ली जात रोडवेज बस 15 फीट नीचे गिरल, 12 के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाराबंकी। लखनऊ-अयोध्या नेशनल हाईवे पs शहर कोतवाली इलाका में अतवार के देर रात करीब तीन बजे एगो बड़ सड़क हादसा हो गइल। गोरखपुर से दिल्ली जात उत्तर प्रदेश रोडवेज के बस अंडरपास लगे संतुलन बिगड़ला से करीब 15 फीट नीचे गिर के पलट गइल।

हादसा के बाद बस में सवार यात्रियन के चीख-पुकार मच गइल। ओही समय हाईवे से गुजर रहल दोसर वाहन के चालकन घटना के जानकारी पुलिस के देलें। कड़ाका के ठंड आ घना कोहरा के बीच भारी पुलिस बल मौका पs पहुंच के राहत आ बचाव काम सुरू कइलस।

बतावल जा रहल बा कि बस में करीब 55 यात्री सवार रहलें। एह हादसा में लगभग 20 यात्री घायल भइलें, जवना में से 12 यात्रियन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। सब घायलन के नजदीकी अस्पताल में भरती कराके इलाज करावल जा रहल बा।

घटना के सूचना मिलतही सीओ सिटी संगम कुमार मवका पs पहुंच गइलें आ खुद राहत आ बचाव अभियान में जुट गइलें। पुलिस के ओर से हादसा के कारणन के जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: Vijay Hazare Trophy : विदर्भ पहिला बेर चैंपियन बनल, ऑलराउंड खेल से सौराष्ट्र के 38 रन से हरवलस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]