मुंबई इंटरनेशनल एयरपोर्ट आ ताज महल पैलेस होटल के बम से उड़ावे के मिलल धमकी, मचल हड़कंप

Share

मुंबई हवाई अड्डा आ ताजमहल पैलेस होटल में बम के धमकी मिलल बा. इ धमकी मुंबई हवाई अड्डा पुलिस के ईमेल आईडी प मेल के माध्यम से मुंबई के छत्रपति शिवाजी महाराज अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा अवुरी ताजमहल पैलेस होटल में भेजल गईल बा। ईमेल में ताजमहल पैलेस होटल आ हवाई अड्डा पs बमबारी होखे के दावा कइल गइल बा. 

एह मेल में आतंकी अफजल गुरू आ सैवक्कू शंकर के “अन्यायपूर्ण फांसी” के हवाला देत धमकी दिहल गइल बा. मुंबई पुलिस के टीम ए मामला के संज्ञान लेके जांच शुरू कs देले बिया। अबे ले कवनो संदिग्ध बात नईखे मिलल। मेल भेजे वाला आरोपी के पता लगावे के कोशिश कईल जाता।

हाल ही में पहलगाम में आतंकी हमला भइल रहे

22 अप्रैल के कश्मीर के पहलगाम में आतंकी हमला भईल रहे। एह आतंकी हमला में 26 लोग के मउत हो गइल. एह आतंकी हमला के बाद देश भर में आतंकवाद के खिलाफ नाराजगी मचल बा. हालांकि भारत सरकार एs हमला के बाद आतंकवादियन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कईलस अवुरी पाकिस्तान में आतंकी के लुकाईल जगह के गिरा देलस। एकरा अलावे कश्मीर में आतंकवादियन के खिलाफ भारी अभियान चलावल जा रहल बा आ ओह लोग के खतम कइल जा रहल बा. एही बीच मुंबई हवाई अड्डा अवुरी ताज होटल पs मिलल बम के धमकी अबे ले चर्चा के विषय बनल बा। 

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-