[the_ad_group id="30365"]

प्रेमिका के चरित्र पs भइल शक, खौफनाक तरीका से कs दिहलस हत्या, युवक खुदो फांसी पs लटकल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के रायगड जिला में हत्या के एगो भयावह मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो युवक अपना प्रेमिका के बेरहमी से हत्या कs देले बा। एकरा बाद युवक फांसी लगा के आत्महत्या कs लेलस। जानकारी के मुताबिक युवक के अपना प्रेमिका के चरित्र पs शक भईल। एही कारण से उs अपना प्रेमिका के चाकू से वार कs के भयावह तरीका से हत्या कs देलस अवुरी बाद में फांसी लगा देलस।

कमरा के चारो ओर खाली खून रहे

असल में इs पूरा मामला रायगड के सुधागढ़ तालुका के परली से सोझा आईल बा। इहाँ एगो युवक अपना प्रेमिका के बेरहमी से हत्या कs देले बा अवुरी आत्महत्या भी कs लेले बा। जवना दृश्य में ई पूरा घटना घटल रहे ऊ काफी भयावह रहे। जब पुलिस मौका पs पहुंचल तs लईकी के शव खून से भींजल जमीन पs पड़ल रहे। पूरा कमरा के चारो ओर खाली खून पसरल रहे।

मरेवाला नर्स के काम करत रहे

प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक मरेवाली लईकी परली के ओसवाल अस्पताल में नर्स के काम करत रहे। उs एगो युवक के संगे प्रेम प्रसंग में रहली। जानकारी के मुताबिक युवक अपना प्रेमिका के चरित्र पs शंका होखला के चलते लईकी पs हमला कईले। जवना के बाद युवक अपना प्रेमिका के बेरहमी से हत्या कs देलस। लईकी के हत्या के बाद युवक फांसी लगा के आत्महत्या भी कs लेलस।

गर्दन से लेके पूरा शरीर ले चाकू से हमला

जानकारी के मुताबिक युवक अपना प्रेमिका के गर्दन से शुरू होके ओकरा पूरा शरीर पs चाकू से वार कs देलस। एकरा चलते लईकी के मौका पs मौत हो गईल। एs घटना के बाद पुलिस युवक अवुरी लईकी दुनो के शव के अपना कब्जा में ले लेले बिया। पुलिस के शुरुआती अनुमान बा कि इs हत्या प्रेम प्रसंग के चलते भईल बा। पाली थाना में घटना के जांच चलता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]