[the_ad_group id="30365"]

दांत दरद के गोली मंगले पs मेडिकल स्टोर वाला दिहलस सल्फास के गोली, खइले से महिला के भइल मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के झाबुआ से एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो महिला मेडिकल स्टोर में जाके दांत दर्द के गोली मंगलस बाकिर दोकानदार ओकरा के सल्फास के गोली दे देलस। महिला दांत दर्द के दवाई समझ के खा गईल अवुरी मर गईल। इस मामला सोझा अईला के बाद हंगामा मच गईल अवुरी मेडिकल स्टोर पस दवाई बेचेवाला के गिरफ्तार करे के कोशिश कईल जाता।

पुलिस अधीक्षक के बयान निकलल

झाबुआ के पुलिस अधीक्षक पदम विलोचन शुक्ला कहले कि, ‘पुलिस भारतीय दंड संहिता (बीएनसी) के धारा 105 (हत्या के बराबर ना होखेवाला दोषी हत्या) के तहत दोकान मालिक के गिरफ्तार कs लेले बिया। उs बतवले कि जिला मुख्यालय से करीब तीन किलोमीटर दूर धरमपुरी गांव के निवासी रेखा बियफे के सांझ के थांदला गेट के नजदीक मेडिकल स्टोर में जाके दांत के दर्द से राहत देवे खातीर दवाई मंगले रहली। दोकान के सेल्समैन ओकरा के सल्फास के गोली देले, जवना के उs ओही रात घर में खईलस अवुरी ओकर हालत बिगड़ गईल। उनुका के अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां उनुकर मौत हो गईल।’

पुलिस अधीक्षक बतवले कि, ‘परिवार शुक के पुलिस के सूचना देलस अवुरी शव के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल। प्रारंभिक पोस्टमार्टम रिपोर्ट में सल्फास के चलते मौत के पुष्टि भईल, जवना के बाद मामला दर्ज भईल अवुरी दोकान मालिक लोकेंद्र बाबेल (52 साल) के गिरफ्तार कs लिहल गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]