स्पोर्ट्स डेस्क : मुंबई इंडियंस गुजरात के हराके महिला प्रीमियर लीग के फाइनल में आपन जगह पक्का कs लेले बा। मुंबई गुजरात के सातवां बेर हरवलस आ अब फाइनल में दिल्ली कैपिटल्स से मुकाबला होई। ई महत्वपूर्ण मैच 15 मार्च के मुंबई के ब्रेबोर्न स्टेडियम में खेलल जाई।
हीली के हरफनमौला प्रदर्शन
एह मैच में मुंबई के जीत के प्रमुख कारण रहल हीली मैथ्यूज के सानदार हरफनमौला प्रदर्शन। पहिले बल्लेबाजी करत, हरमनप्रीत कौर के कप्तानी में मुंबई 20 ओवर में 4 विकेट खोके 213 रन बनवलस, जवन महिला प्रीमियर लीग के कवनो मैच के पहिला पारी के सबसे बड़ स्कोर रहे। जवाब में, गुजरात के टीम 19.2 ओवर में खाली 166 रन बना सकल आ मुंबई 47 रन से मुकाबला जीत लेलस।
फ्लॉप रहल गुजरात के बल्लेबाजी
गुजरात के बल्लेबाजी पूरा तरे फ्लॉप रहल। पहिला बेर एलिमिनेटर मुकाबला खेले उतरल गुजरात के मुंबई सातवां बेर हरवलस। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल गुजरात के बल्लेबाज निराशाजनक प्रदर्शन कइल लो। पावरप्ले में तीन विकेट गंववला के बाद, गुजरात के टीम दबाव में आ गइल। शबनम इस्माइल बेथ मूनी (6) के आउट कइलें, ओकरा बाद हरलीन देओल (8) रन आउट हो गइली। फेर, छठा ओवर के चउथा गेना पs हीली मैथ्यूज गुजरात के कप्तान एश्ले गार्डनर (8) के बोल्ड कइली। गुजरात के बल्लेबाजी में डैनियल गिब्सन 34, फीबी लीचफील्ड 31 आ भारती फुलमाली 30 रन बनवलें। बाकी के बल्लेबाज जादे रन ना बना सकल लो, जवना से टीम 214 रन के लक्ष्य के हासिल करे में नाकाम रहल।
कमजोर रहल गुजरात के गेंदबाजी
गुजरात के गेंदबाजन के प्रदर्शन कमजोर रहल आ ऊ मुंबई के बल्लेबाजी के रोके में कवनो खास सफलता ना पा सकल लो। मुंबई खातिर हीली मैथ्यूज सानदार प्रदर्शन करत तीन विकेट चटकवली, जबकि अमेलिया कर दु विकेट लेली। शबनम इस्माइल आ नैट सिवर ब्रंट एक-एक सफलता हासिल कइल लो।
हीली मैथ्यूज आ नैट सिवर ब्रंट के शतकीय साझेदारी
मुंबई के ओर से हीली मैथ्यूज आ इंग्लैंड के ऑलराउंडर नैट सिवर ब्रंट के 133 रन के साझेदारी गुजरात के गेंदबाजन के पूरा तरे से हरा दिहल। हीली 50 गेना में 77 रन बनवली, जबकि ब्रंट 41 गेना में 77 रन के सानदार पारी खेलली। कप्तान हरमनप्रीत कौर 12 गेना में 36 रन बनाके मुंबई के मजबूत इस्थिति में पहुंचवलें।