ICC Rankings: चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल में अर्धशतकीय पारी के रोहित के फायदा, गिल के बादशाहत बरकरार; कोहली फिसललें

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 12, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क : चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल मैच में भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के बल्ला जमके गरजल रहे। 76 रन के दमदार पारी खेलके जीत के नींव रखले रहे । अब उनका एह प्रदर्शन के

Share

ICC Rankings: चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल में अर्धशतकीय पारी के रोहित के फायदा, गिल के बादशाहत बरकरार; कोहली फिसललें

स्पोर्ट्स डेस्क : चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल मैच में भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के बल्ला जमके गरजल रहे। 76 रन के दमदार पारी खेलके जीत के नींव रखले रहे । अब उनका एह प्रदर्शन के आईसीसी के ताजा वनडे रैंकिंग में फायदा भइल बा। बुध के जारी कइल गइल रैंकिंग में हिटमैन दु स्थान के छलांग लगाके दूसरका पायदान पs पहुंच गइलें। ओहिजा, भारतीय टीम के उपकप्तान शुभमन गिल 784 रेटिंग प्वॉइंट्स के संगे शीर्ष पs बनल बाड़ें। उनका बादशाहत में कवनो कमी नइखे आइल। जबकि किंग कोहली के एक स्थान के नुकसान भइल बा। ऊ पांचवां पायदान पs खिसक गइलें।

Read Also: Surya Grahan 2025 Date: चंद्र ग्रहण के बाद सूर्य ग्रहण, का भारत में लउकी?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.