[the_ad_group id="30365"]

रोहित शर्मा आखिर काहे नाहीं कइले रिटायरमेंट के ऐलान? 4 ICC ट्रॉफी जिते वाला कप्तान बतवले उनकर अधूरा काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया रोहित शर्मा के कप्तान में एक साल के भीतर दुसरका आईसीसी ट्रॉफी जीत के दोसरा टीमन के विश्व क्रिकेट में आपन दबदबा के एहसास करा दिहले बिया. भारतीय टीम जहां 2024 के टी-20 विश्व कप जीत चुकल रहे, उहें आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब भी जीते में सफल रहल। एह टूर्नामेंट के शुरुआत से पहिले अंदाजा लगावल जात रहे कि रोहित वनडे फॉर्मेट से भी अलविदा कह दीहें बाकिर चैंपियंस ट्रॉफी जीतला के बाद ऊ साफ कs दिहलन कि फिलहाल उनुकर कवनो इरादा नइखे कि ऊ वनडे आ टेस्ट दुनु टीम से संन्यास लेसु. अब उनुका एह फैसला पs कप्तान के रूप में आईसीसी के 4 गो ट्राफी जीते वाला रिकी पोंटिंग के बयान सामने आइल बा जवना में ऊ बतवले कि रोहित के कवन काम अधूरा रह गइल बा जवना के चलते ऊ रिटायरमेंट के फैसला नइखन कइले.

हमरा लागता कि रोहित के लक्ष्य बा कि उs 2027 के वनडे विश्व कप खेले

रोहित शर्मा के एह बारे में आस्ट्रेलिया के कप्तान रहल रिकी पोंटिंग आईसीसी के समीक्षा पs अपना बयान में कहले बाड़न कि जब रउरा अपना करियर के एह दौर के नजदीक आवत बानी तs सभे रउरा रिटायरमेंट के इंतजार करत बा. पता ना काहे अइसन होला। ऊहो जब रउरा बढ़िया खेलत बानी जइसे कि ऊ चैंपियंस ट्रॉफी के आखिरी मैच में देखवले रहले. हमरा लागता कि रोहित अयीसन सवाल के हमेशा खातीर खतम करे के कोशिश करत रहले अवुरी कहत रहले कि ना, हम अभी तक बहुत बढ़िया खेलतानी। हमरा एह टीम में खेलल बहुते नीक लागेला. हमरा एह टीम के कप्तान बने के बहुते शौक बा. हमरा खातिर उनकर एह फैसला के सीधा मतलब बा कि रोहित के लक्ष्य बा कि ऊ 2027 में होखे वाला अगिला वनडे विश्व कप में खेलसु.

रोहित विश्व कप जीते के फेर से कोशिश कइल चाहत बाड़न

रिकी पोंटिंग अपना बयान में आगे कहले कि हमरा लागता कि रोहित के दिमाग में इs बात जरूर बनल होई कि उनुका कप्तान के तहत वनडे विश्व कप के अंतिम मैच में टीम इंडिया हार गईल बिया। एही कारण से उs एक बेर अउरी कोशिश कईल चाहत होईहे। आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल मैच में जवना तरह से ऊ खेलले, ई ना कहल जा सके कि ऊ एकरा से चूक गइल बाड़न. बता दीं कि 2027 के वनडे विश्व कप के मेजबानी दक्षिण अफ्रीका, जिम्बाब्वे आ नामीबिया संयुक्त रूप से करीहें.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]