मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं खातिर वसूलत रहलें चंदा, अइसे खुल गइल पोल

Share

उत्तर प्रदेश के जौनपुर से एगो हैरान करे वाला मामला सामने आइल बा। जौनपुर में समाजवादी पार्टी के संस्थापक अउर उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री दिवंगत मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं के नाम पर चंदा वसूलल जात रहल। चंदा देवे वालन के बाकायदा रसीद भी दिहल जात रहल। एकर पोल तब खुल गइल जब मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं के चंदा के रसीद सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल। तब समाजवादी पार्टी एह कार्यक्रम के बारे संज्ञान लिहलस अउर फिर पार्टी के दबाव में एह कार्यक्रम के रद्द कs दिहल गइल। दिवंगत मुलायम सिंह के तेरहवीं खातिर होल्डिंग भी लगा दीहल गइल रहे।

सोशल मीडिया पर वायरल भइल चंदा के रसीद

सोशल मीडिया पर वायरल रसीद में कार्यक्रम के आयोजकन के भी नाम लिखल बा। रसीद में सब मड़ियाहूं वासियों के कार्यक्रम के आयोजक बतावल गइल। सोशल मीडिया पर जौन रसीद वायरल हो रहल बा। ओकरे मुताबिक, एगो मनई 5 हजार रुपया के रसीद कटववलें।

22 अक्टूबर के होखे के रहल तेरहवीं का कार्यक्रम

वायरल रसीद पर लिखल बा कि जौनपुर के मडियाहूं के पाली बिजौरा गांव में दिवंगत मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं के कार्यक्रम 22 अक्टूबर आयोजित होखे के बा। रसीद पर प्राप्तकर्ता के तौर पर जगदीश यादव के हस्ताक्षर भी दिख रहल बा। हालांकि, अब कार्यक्रम रद्द हो चुकल बा।

आनन-फानन में रद्द भइल कार्यक्रम

गौरतलब बा कि वायरल रसीद में लिखा है कि धरतीपुत्र मुलायम सिंह के तेरहवीं में ब्रह्मभोज (भंडारा) स्थान- ग्रामसभा बिजौरा डीह बाबा हेतु सहायतार्थ। उहवें आयोजक में समस्त क्षेत्रवासी मड़ियाहूं, जौनपुर। हालांकि अब कार्यक्रम रद्द हो चुकल बा।

मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं के कार्यक्रम के नाम पर रसीद काटे वाले जगदीश यादव के कहनाम बा कि गांव वालन के मदद से डीह बाबा के मंदिर पर हर साल भंडारा आयोजित कइल जाला। क्षेत्र के लोग एह साल मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं कइल चाहत रहलें। जगदीश यादव कहलें कि खाली हम आयोजक नाइ रहलीं, सब ग्रामीण मुलायम सिंह यादव के तेरहवीं के आयोजक रहलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-