[the_ad_group id="30365"]

जेलर के धमकावे के मामिला में मुख्तार अंसारी भइलें दोषी करार, दू साल के जेल के सजा सुनावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलाहाबाद हाईकोर्ट के लखनऊ खंडपीठ राजधानी लखनऊ के आलमबाग थाना के एगो आपराधिक मामिला में माफिया मुख्तार अंसारी के दोषी सिद्ध करार दिहलें बा। कोर्ट उनके दू साल कारावास के सजा सुनवले बा।
ई निर्णय न्यायमूर्ति दिनेश कुमार सिंह के एकल पीठ राज्य सरकार के अपील मंजूर करत पारित कइलें। मामिला में वर्ष 2003 में तत्कालीन जेलर एसके अवस्थी थाना आलमबाग में मुख्तार के खिलाफ एफआईआर दर्ज करवले रहनें।
एकरे अनुसार जेल में मुख्तार अंसारी से मिले आइल लोग के तलाशी लेहलें के आदेश देहलें पर उनके जान से मारे के धमकी दीहल गइल रहे। सथही उनके साथ गाली गलौज करत मुख्तार उनका पर पिस्तौल भी तान देहले रहने। एह मामला में ट्रायल कोर्ट मुख्तार के बरी कs दिहलें रहल, जेकरे खिलाफ सरकार अपील दाखिल कइले रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]