Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: पटना में सबेरे-सबरे 70 मकान गिरावे पहुंचल 14 बुलडोजर, नेपालीनगर में 2 हजार पुलिस फोर्स। अवैध कब्जा के लेके बो रहल बा कारवाई।
- बिहार: मगध यूनिवर्सिटी के पूर्व वाइस चांसलर राजेन्द्र प्रसाद के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट, 20 करोड़ के घोटाला के आरोप।
- उत्तर प्रदेश: अग्निपथ योजना- 420 रुपिया के चेक मोदी सरकार के भेजी लो आप के नवहा, संजय सिंह बोलले- अग्निपथ योजना के खिलाफ करिहें आंदोलन।
- उत्तर प्रदेश: 21 आईपीएस अफसरन के तबादला- बदलल गइले प्रयागराज, गोंडा, सहारनपुर, अयोध्या, मथुरा आ मुजफ्फरनगर के एसपी।
- झारखंड: पीएम मोदी के देवघर दौरा 12 जुलाई के, 12 गो योजनन के करिहें उद्घाटन-शिलान्यास, वैधनाथ से बाबा विश्वनाथ तक चली गतिमान एक्सप्रेस।
- प्रधानमंत्री के आगवानी करे ना पहुंचले तेलंगाना के मुख्यमंत्री के. चंद्रशेखर राव। विपक्ष के राष्ट्रपति उम्मीदवार यशवंत सिंहा के कुछे घण्टा पहिले कइले रहस जोरदार स्वागत।
- उदयपुर के तरे अमरावती में दवा कारोबारी के हत्या। दुकान दे लवटत घरी 21 जून के गर रेत के भइल रहे हत्या।
- ताजमहल के तहखाना में हिन्दू देवी देवता के मूर्ति नइखे, भारतीय पुरातत्व विभाग के RTI के तहत दिहल जानकारी में मूर्ति होखला से इनकार।
- दिल्ली से जबलपुर जा रहल स्पाइसजेट विमान के इमरजेंसी लैंडिंग।
- भारत-इंग्लैंड टेस्ट के दूसरा दिने चमकले बुमराह, एक ओवर में सबसे जादे रन बनावे के रिकॉर्ड अब बुमराह के नावे। भारत के मैच पs पकड़ मजबूत।
Comments are closed.