Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: सारण का लाल असगर कश्मीर में आतंकी मुठभेड़ में शहीद, गांव में पसरल मातमी सन्नाटा, आज आई शव।
- बिहार: बीपीएससी पीटी पेपर लीक के जांच भइल तेज, पटना के तीन जुवकन के तलाश में आधा दर्जन जगहन पs छापेमारी।
- उत्तर प्रदेश: Up के डीजीपी पs कार्रवाई सीएम योगी आदित्यनाथ के अफसरन के सख्त सनेस, निशाना पs अभी कइयन गो आउर अफसर।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के सब मदरसन में प्राथना के बेरा राष्ट्रगान अनिवार्य, नाया शैक्षणिक सत्र के लागू हो गइल नियम।
- झारखंड: जेल के जमादार पs जोर से चिल्लइली IAS पूजा सिंघल, ले जा आपन चना-गुड़, हमरा ना चाहीं जेल के खाना।
- राजस्थान के उदयपुर में कांग्रेस के तीन दिन चले आला चिंतन शिविर के सुरुआत होई।
- पीएम मोदी इंदौर में होखे आला मध्यप्रदेश स्टार्टअप के वर्चुअली संबोधित करिहे।
- ताजमहल के बन कमरा ना खुली, इलाहाबाद हाईकोर्ट याचिका खारिज कइलस।
- अंडमान में 15 आ 26 मई के केरल पहुंच सकत बा मानसून।
- आईपीएल: चेन्नई IPL प्लेऑफ के रेस से बाहर, मुंबई पांच विकेट से हरवलस।
Comments are closed.