साँझ के बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2022

बिहार: तेज प्रताप से भरण पोषण के नाव पs मिल रहल पइसा पत्नी ऐश्वर्या ला पर्याप्त ना, अदालत में लगवली गुहार। बिहार: बिहार-यूपी के डीजीपी आ दिल्ली पुलिस के कमिश्नर हर हाल में 16 मई

Share

  1. बिहार: तेज प्रताप से भरण पोषण के नाव पs मिल रहल पइसा पत्नी ऐश्वर्या ला पर्याप्त ना, अदालत में लगवली गुहार।
  2. बिहार: बिहार-यूपी के डीजीपी आ दिल्ली पुलिस के कमिश्नर हर हाल में 16 मई के सुब्रत राय के पेश करो लो- पटना हाईकोर्ट।
  3. उत्तर प्रदेश: वाराणसी में सीएम योगी आदित्यनाथ बोलले- भारत के सब पंथ आ समुदाय के एके लक्ष्य वसुधेव कटुंबकम।
  4. उत्तर प्रदेश: काम संभरला के बाद डीजीपी डॉ॰ डीएस चौहान बोलले, शीर्ष वरीयता पs रही शासन के प्राथमिकता।
  5. झारखंड: रघुवर दास के सीएम सोरेन पs हमला, पत्नी के जमीन किने में एक्ट के उल्लंघन के लगवले आरोप।
  6. नार्थ कोरिया में कोरोना से पहिलका मौत: लमसम दू लाख लोग आइसोलेट, किम के आदेस पs देश में लागल सख्त लॉकडाउन।
  7. UAE के प्रेसिडेंट के निधन, लमहर बेमारी के बाद शेख खलीफा लेले अंतिम सांस, देश में 40 दिन के राष्ट्रीय शोक।
  8. भारत-श्रीलंका: एयक्स्पर्ट के राय-नाया पीएम भारत के बेसी करीब; श्रीलंका के हालात जल्दी सुधरे के उमेद ना।
  9. भारत के शटलर्स रचलस लो इतिहास: 43 साल बाद थॉमस-उबेर कप में मेडल पक्का कइल लो, सोशल मीडिया में लागल बधाई के तांता।
  10. आईपीएल: आज बंगलोर आ पंजाब के बीचे मैच। जीत के संगे प्लेऑफ के निचिका पहुंचे के रही दुनो टीम के कोसिस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.